सिम्रौनगढ के तत्कालीन प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सहित ५ जने विरुद्ध भ्रष्टाचार मुद्दा

काठमाण्डु ७ कुवार
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका के तत्कालीन प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत विश्वराज मरासेनी, लेखा अधिकृत सर्मेन्द्रप्रसाद चौधरी सहित ५ जने विरुद्ध भ्रष्टाचार मुद्दा दायर कईले बा ।
सिम्रौनगढ–८ कचोर्वास्थित जनता मावि के भवन निर्माण वापत के रकम उपभोक्ता समिति के देवेके समय मे अनियमितता कईल आरोप मे अख्त्यिार मरासेनी आ चौधरी विरुद्ध विशेष अदालत मे भ्रष्टाचार मुद्दा दायर कईले बा ।
अख्तियार जनता मावि के भवन निर्माण उपभोक्ता समिति के अधयक्ष रामबाबु प्रसाद यादव, सचिव रामाकान्त प्रसाद आ कोषाध्यक्ष किरणदेवी यादव विरुद्ध भी भ्रष्टाचार मुद्दा दायर कईले बा ।
तत्कालिन प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मरासेनी आ लेखा अधिकृत चौधरी प्राविधिक से तईयार कईल मूल्यांकन आ भुक्तानी के खातिर स्वीकृत भईल टिप्पणी मे उल्लेख भईला से बेसी रोपेया उपभोक्ता समिति के भुक्तानी देहल अनुसन्धान से खुलल अख्तियार के प्रवक्ता भोला दाहाल जानकारी देहनी ।
अख्तियार के मुताविक उलोग से निर्माण काम मे खर्च भईल रोपेया से ६ लाख ५८ हजार ४४० रोपेया १६ पईसा बेसी भुक्तानी देहल देखल गईल बा ।





