वीरगंज मे अवैधरुप मे सञ्चालित ९ कलेज के १/१ लाख रोपेया जरिबाना

वीरगंज ०९ कुवार

वीरगंज महानगरपालिका अनुमति हि ना लेके अनेकन कलेज के नाम मे अवैधरुप मे सञ्चालित ९ गो शिक्षण संस्था के १/१ लाख रोपेया जरिवाना कईले बा ।

महानगरपालिका के शिक्षा समिति के सोमार के दिने बईठल बईठक से संस्थागत विद्यालय नियमन समिति कुछ दिन पहिले अनुगमन के समय मे शिलबन्दी कईल शिक्षण संस्था के जरिवाना कईला के साथे उ संस्था के कउनो भी शैक्षिक कार्जक्रम संचालन करेमे रोक लगावेके आ उलोग व्यवसाय दर्ता कईले बाडन त उ भी खारेज करेके निर्णय कईले बा ।

शिक्षा समितिद्वारा गठित संस्थागत विद्यालय नियमन समिति बितल भादो १३ गते से कईल अनुगमन के समय मे कउनो भी अनुमति ना लेके उ शैक्षिक संस्था अवैधरुप मे सञ्चालन मे रहल मिलला के बाद शिलबन्दी कईले रहे ।

शिक्षा समिति के सोमार के बईठक मे नियमन समिति के संयोजक भी रहल ईश्वरचन्द्र यादव अनुमति ना लेके सञ्चालन मे रहल ९ गो कलेज आ एक प्रि स्कुल तथा कलेज सञ्चालन के खातिर आपन अनुमति दुरुपयोग करे देवेवाला ९ गो विद्यालय के कारबाही के दायरा मे लियावेके राय सहित के अनुगमन प्रतिवेदन पेश कईले रहलन ।

संयोजक यादव पेश कईल प्रतिवेदन के शिक्षा समिति अनुमोदन करत अनुगमन के समय मे शिलबन्दी कईल उ सभी शैक्षिक संस्था के जरिवाना तथा बन्द करेके समेत के कारबाही करेके निर्णय कईल शिक्षा समिति के सदस्य आलोक चौरसिया जानकारी देहनी ।

समिति संघीय शिक्षा ऐन २०२८ के दफा १७ (१) क तथा महानगर शिक्षा ऐन के दफा ४१ मुताविक दण्ड, सजाय एवं जरिबाना करेके निर्णय कईल भी उ बतवनी । जउना मुताविक अवैधरुप मे सञ्चालित वीरगंज स्कुल अफ ल, युनिभर्सल कलेज, इम्पेरियल कलेज, अन्नपूर्ण पब्लिक कलेज, प्रिन्सटन कलेज, युनिभर्सल +२ कलेज, सत्यम पब्लिक कलेज, पर्सा म्यानेजमेन्ट कलेज आ नेशनल कलेज १÷१ लाख रोपेया जरिबाना मे परल बा । एहितरे बिजी बिज किड्स प्री स्कुल भी ५० हजार रोपेया जरिबाना मे परल बा ।

एहितरे खुद से लेहल अनुमति पत्र दुसरका पक्ष के देके दुरुपयोग करेवाला ९ गो विद्यालय के भी दण्ड जरिबाना करके नसिहत देहल चौरसिया बतवनी । उनका मुताविक पिस जोन एकेडेमी, ओसिस मा.वि., ग्रिनल्याण्ड मा.वी., गोल्डेन वाटिका स्कुल, ज्ञान निकेतन मा.वी., न्यू वेभ एकाडेमी, एन्जल इन्टरनेशनल बोर्डिङ स्कुल, मुनलाइट इङ्लिस बोर्डिङ स्कुल आ वीरगंज सेन्ट्रल स्कुल खुद से लेहल अनुमति दोसर के प्रयोग करे देके अनुमति दुरुपयोग कईला से उलोग के ५०÷५० हजार रोपेया जरिबाना कईल बा ।

एहितरे शिक्षा समिति के बईठक से अनुमति ना लेहल शैक्षिक संस्था के भवन÷कोठरी भाडा मे देवेवाला घर धनी के घर बहाल कर दाखिला करावेके आ अब आईन्दा अनुमति ना लेहल शैक्षिक संस्था के घर÷कोठा भाडा मे ना देवे खातिर भी सचेत करावेके निर्णय कईले बा ।

बईठक से शिलबन्दी भईल शैक्षिक संस्था तत्काल विधि प्रकृया पुगाके अनुमति माग कईला पर नियमानुसार उ शैक्षिक संस्था के अनुमति प्रदान करे खातिर प्रकृया सुरुवात करेके निर्णय भी कईल शिक्षा समिति के सदस्य सचिव भी रहल महानगर के शिक्षा महाशाखा प्रमुख अरबिन्दलाल कर्ण जानकारि देहनी ।

शैक्षिक क्षेत्र सुधार के खातिर निरन्तर अनुगमन होखेके कहत बईठक से संस्थागत विद्यालय नियमन समिति से कईल अनुगमन सराहनीय रहला से ओकरा के निरन्तरता देवे खातिर भी निर्देशन देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।