चिकित्सकलोग मँगलें गृहमन्त्री आ स्वास्थ्यमन्त्री के राजीनामा

वीरगंज ११ कुवार

गृहमन्त्री आ स्वास्थ्यमन्त्री के राजीनामा मागत चिकित्सकलोग वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बाडन ।

मेडिकल एशोसियसन अफ नेपाल के अगुवाई मे चिकित्सकलोग बियफे के सँझिया विरोध जुलुश निकालके प्रदर्शन कईले बाडन । जुलुश मे सहभागी चिकित्सकलोग स्वास्थ्यमन्त्री राजीनामा दे, गृहमन्त्री राजीनामा दे, डाक्टर पिटे ना मिली, कि सुरक्षा दे कि भिसा दे, जेल वीथ आउट बेल लागु कर लगायत के नारा भी लगवले रहलन ।

वीर्तास्थित मेडिकल एशोसियसन अफ नेपाल के नारायणी शाखा भवन अगाडि से निकलल चिकित्सकलोग के विरोध जुलुस नगर परिक्रमा करत घण्टाघर चोक मे पुगके कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।

कोणसभा मे बोलत मेडिकल एशोसियसन अफ नेपाल के नारायणी शाखा अध्यक्ष डाक्टर मनोज गुप्ता देश के अनेकन जगहा के अस्पताल भितर डाक्टरलोग उपर आक्रमण हो रहला पर भी सरकार मौन रहल बतवनी । हरेक दिन डाक्टर पिटईला पर भी गृहमन्त्री आ स्वास्थ्यमन्त्री कान मे तेल डालके बईठला से दुनु मन्त्री के राजीनामा माग कईल उ बतवनी । उ कहनी, “कि त सरकार हमनी के सुरक्षा देवेके परल कि त विदेश जाएके भिसा देवेके परल । नेपाल मे रहके काम करे सकेके अवस्था हि देखल गईल नईखे ।”

डाक्टर उपर पिटपाट आ आक्रमण करेवाला के कारबाही कईला के बदले राज्य के निकाय हि मिलापत्र करेके दबाब डाक्टर उपर देहला से सरकार खुदे नेपाल मे डाक्टरलोग ना रहस कहके चाहल प्रष्ट भईल उ बतवनी ।

प्रदर्शन मे सहभागी एशोसियसन के निवर्तमान महासचिव डाक्टर उदयनारायण सिंह अपने असुरक्षित होके डाक्टर मरेजी के ईलाज करे ना सकेके बतवनी । उ कहनी, “हमनी ई सरकार सँगे आउर कुछ ना केवल सुरक्षा के माग कईल गईल बा । डाक्टर पिटेवाला के कानुनी कारबाही होखो कहल गईल बा । माकिर सरकारी निकाय हि पिटेवाला से उल्टे मिलापत्र कर कहके डाक्टरलोग के दबाब देहल गईल बा । अईसन अवस्था मे हमनी डाक्टरलोग के मनोबल आउर गिरल बा ।

मेडिकल एशोसियसन अफ नेपाल के नारायणी शाखा अध्यक्ष डाक्टर मनोज गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल प्रदर्शन मे वीरगंज मे रहल सरकारी आ निजी स्पाल, क्लिनक, नर्सिङ होम, मेडिकल कलेज मे कार्यरत चिकित्सकलोग के सहभागीता रहे । एकरा से पहिले बुध के दिने भी वीरगंज के घण्टघार चोक मे चिकित्सकलोग नाराबाजी करत प्रदर्शन कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।