राप्रपा नेपाल के वीरगंज मे बृहद आमसभा

वीरगंज १४ कुवार

“संघिय गणतन्त्र के नाम मे कायम भ्रष्ट व्यवस्था के अन्त्य कईल जाँव” कहके मुल नारा के साथ तिसरका जनआन्दोलन के तईयारी मे जुटल जाँव, अब के गन्तव्यः समृद्ध हिन्दु अधिराज्य नेपाल कहके मुल उदेश्य से राप्रपा नेपाल एतवार के दिने वीरगंज मे आमसभा भईल बा ।

उ कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि राप्रपा नेपाल के राष्ट्रिय अध्यक्ष कमल थापा देश मे संघिय गणतन्त्र के नाम मे कायम रहल भ्रष्ट व्यवस्था के बिरोध करत हिन्दु अधिराज्य राज संस्था के माग करत तिसरका जनआन्दोलन के जरुरत रहल बतवनी ।

उ गणतन्त्र के नेतालोग डेढ दशक से सत्ता मे रहके न्यायपालिका, कार्यपालिका, व्यवस्थापिका के आपन कब्जा मे करके देश के तहसनहस कईल आरोप लगवनी । थापा हिन्दु अधिराज्य तथा राजसंस्था लियावे खातिर आन्दोलन बाहेक आउर कउनो बिकल्प ना रहल जिकिर कईनी ।

उ आमसभा मे पार्टी के बरिष्ठ उपाध्यक्ष तथा पुर्व मन्त्री राजिव पराजुली गठबन्धन करके जनता से वाचा कईल काम ना करके सरकार बनाके लुटेके मात्र क्रियाकलाप हो रहल आरोप लगवनी । राप्रपा नेपाल पर्सा के अध्यक्ष नरेश साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पार्टी के उपाध्यक्ष तारानाथ लुईटेल, महामन्त्री राजाराम बर्तौला, प्रवक्ता विष्णु भट्टराई, केन्द्रिय कार्यसमपादन समिति के सदस्य शम्भु प्रसाद चौरसिया, पार्टी के केन्द्रिय सदस्य पुनदेव यादव, केदार गौली लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

पार्टी के सहमहामन्त्री अजय पौडेल से सञ्चालन कईल कार्जक्रम मे पार्टी पर्सा उपाध्यक्ष रोशन यादव, ओमप्रकाश यादव, सचिव पवन प्रसाद साह, दिलिप गुप्ता, सदस्यलोग दिपनरायण यादव, बिजय पासवान, शिवनारायण यादव, हरिनारायण प्रसाद कुर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।