मेयर यादवद्वारा बुढि़या माई मन्दिर के शिलान्यास

मेवालाल यादव
रौतहट २८ फागुन
बौद्धिमाई नपा ४ इनरबारी मे मेयर यादवद्वारा बुढि़या माई मन्दिर के शिलान्यास पुरा भईल बा ।
रौतहट के बौद्धिमाई नगरपालिका मे युवा मेयर राजीव रंजन यादव विकास के लहर लिआईल बा । एक के बाद दोसर करके नगरपालिका भर हि विकास के अनेकन योजनासब लियाके युवा मेयर यादव मान आ सम्मान कमावेमे सफल भईल बाडन । नगरपालिका भर करेवाला अनेकन विकास कामसब मेसे बियफे के दिने इनरवारी मे बुढिया माई मन्दिरके मेयर यादव शिलान्यास कईले बानी । नगर प्रमुख यादव के नगर स्तरीय योजना से बने लागल बुढि़या माई मन्दिर ई क्षेत्र के हिन्दू धर्मावलम्बीलोग के आस्था के रुप मे रहल नगर प्रमुख यादव बतवनी । युगो से प्रसिद्ध बुढि़या माई के ई मन्दिर मे आसपास के गाँवकेलोग पूजापाठ करत आईल आ मन्दिर पुराना भईला से श्रद्धालु भक्तजन के पूजापाठ करेमे समस्या हो रहला से नयाँ मन्दिर के निर्माण करे लागल नगर प्रमुख यादव बतवनी । अब निर्माण होखे लागल मन्दिर युगो तक रहेके तथा भक्तजनलोगके पूजापाठ करेमे सहज होखेके रौतहट क्षेत्र नम्बर २ के प्रदेशसभा सदस्य रामकिशोर यादव उर्फ किशोरी यादव बतवनी ।
कार्जक्रम मे बौद्धिमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ इनरबारी के वार्ड अध्यक्ष देव नारायण प्रसाद जयसवाल, वार्ड नम्बर ६ पिपरिया के वार्ड अध्यक्ष हृदय नारायण राय यादव, श्री शंकर मा वि सरमुज्ज्वा के शिक्षक ओमप्रकाश यादव, नपा के इन्जीनियर, ओभरसियर तथा दर्जनों नेता कार्यकर्तालोग लगायत स्थानीय सर्व साधारणलोग के उपस्थिती रहल रहे ।






