देवताल के तत्कालिन कार्यकारी अधिकृत साह आ लेखा अधिकृत यादव मिलके ईन्धन मे कईलें लाखो रोपेया घोटाला

वीरगंज १५ कुवार
बारा जिल्ला के देवताल गाँवपालिका मे सरकार के मापदण्ड विपरीत इन्धन खर्च देखाके लाखो रोपेया नियम विपरीत खर्च कईल मिलल बा । देवताल गाँवपालिका मे खर्च होखेके आधार बिना इन्धन खर्च देखाके विकासे बजेट के लाखो लाख रोपेया कमिसन मे ओराईल मिलल बा ।
आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ मे उ गाँवपालिका के तत्कालीन प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सिकेन्द्र प्रसाद साह आ अभी कार्यरत्त लेखा प्रमुख गजेन्द्र कुमार यादव के मिलीभगत मे अनावश्यक इन्धन खर्च देखाके विकासे बजेट के लाखो रोपेया कमिसन मे ओरवावल स्थानीयलोग के आरोप रहल बा । तत्कालीन अधिकृत साह आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ मे इन्धन शीर्षक मे मात्र ४९ लाख ८९ हजार ४ सय ५२ रोपेया खर्च कईल महालेखा परीक्षक कार्यालय के प्रतिवेदन देखवले बा । माकिर पालिका उ खर्च बराबर के इन्धन कउन जनप्रतिनिधि भा कर्मचारी, कउन महिना मे, कउन सवारी साधन मे, कउन प्रयोजन के खातिर केतना किलोमिटर तक सवारीसाधन प्रयोग करके केतना इन्धन खर्च कईल कहके प्रमाणित करे नईखन सकल ।
अर्थात् ४९ लाख ८९ हजार ४ सय ५२ रोपेया खर्च के सवारी इन्धन के लगबुक व्यवस्थित आ अद्यावधिक ना राखल कहत मलेप के कार्यालय सवाल उठावत लगबुक व्यवस्थित आ अद्यावधिक करेके निर्देशन देहले बा । माकिर पालिका मे ४९ लाख के इन्धन खर्च होखेके आधार हि ना भईल उहे पालिका के कर्मचारीलोग बतवले बाडन । जउना के पालिका मे उपलब्ध करावेवाला इन्धन के तथ्याङ्क से भी पुष्टि कईल देखल गईल बा ।
प्रतिवेदन के बुंदा नं. १५.१ मे ईन्धन खर्च ः प्रदेश खर्च मापदण्ड निर्देशिका २०७७ के दफा १७ अनुसुची ४ आ मधेश प्रदेश के स्थानीय तह के पदाधिकारी तथा सदस्य से मिलेवाला सुविधा सम्बन्धी ऐन, २०७७ बमोजिम पदाधिकारी, कर्मचारी आ कार्यालय प्रयोजन के खातिर मापदण्ड बमोजिम ईन्धन खर्च करेके व्यवस्था बा । सवारी प्रयोग, ईन्धन तथा आउर उपभोग्य सामान के खपत आ ओकर नियन्त्रण करे खातिर मलेप फारम ९०५ मुताविक सवारीसाधन मेसिन प्रयोग के लगबुक राखेके व्यवस्था रहला मे ओईसन ना कईल उल्लेख रहल बा ।
गाँवपालिका मे १ थान जे.सि.वि., १ थान टयाक्टर, १ थान बस आ २ थान एम्बुलेन्स चालु हालत मे रहल बा । लेखापरीक्षण के समय मे उल्लेखित उपकरण मे प्रयोग भईल आ उ उपकरण मे ईन्धन खर्च आ ओकर लगबुक तथा परिचालन से मिलल आम्दानी के विवरण माग कईला पर ना मिलल । जउना से उ उपकरण के खातिर केतना ईन्धन खर्च भईल रहे एकिन करे सकेके आधार ना भईल । मापदण्ड अनुसार के परिमाण से कार्यालय के ईन्धन खर्च के तादम्यता मिलेके नईखे देखल गईल । उपकरण मे प्रयोग भईल ईन्धन के परिमाण खुलेवाला लगबुक अधावधिक करेके आ पदाधिकारी तथा कर्मचारी के ईन्धन खर्च भुक्तानी देहला पर मापदण्ड के परिधि भितर रहके खर्च करेके जगहा मे तत्कालिन अधिकृत साह आ लेखा प्रमुख यादव कमिशन के खातिर मापदण्ड विपरित खर्च कईल प्रतिवेदन से प्रष्ट भईल बा ।
जउना मुताविक उ समय के डिजेट आ पेट्रोल के प्रतिलिटर रु १५० औषत दर महालेखा के प्रतिवेदन देखवले बा । उ आर्थिक बरीस मे जे.सि.वि., टयाक्टर, बस आ एम्बुलेन्स कुछ मात्रा मे चलला पर भी एतना तेल मे खर्च करके भ्रष्टाचार कईल स्थानियलोग आरोप लगवले बाडन । स्थानिय के आरोप के मलेप के प्रतिवेदन भी प्रमाणित कईले बा । ऐन कानुन से भी जिम्मेवार आदमी के चलते सार्वजनिक सम्पत्ति हिनामिना भा हानि–नोक्सानी कईल रोपेया किटान कईल व्यहोरा के असुल करेके बेरुजू मे वर्गीकरण करेके भईला से अधिकृत साह आ लेखा प्रमुख यादव मिलके उ रोपेया हिनामिना कईल देखल गईल बा ।
बारा के देवताल गाँवपालिका के तत्कालिन भ्रष्ट अधिकृत साह देवताल मे सकेभर लुटके अभी पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका मे कार्यरत्त रहके भ्रष्टाचार काम के “दिन दुगुना रात चौगुना” बढावा देरहल छिपहरमाई गाँवपालिका के सचेत नागरिकलोग आरोप लगावत आईल बाडन ।
ई सन्दर्भ मे प्रशासकीय अधिकृत साह आ लेखा अधिकृत यादव के फोन सम्पर्क करके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर उनकर फुन ना उठल ।





