भ्रष्टाचार के अन्त्य ना होखे तक देश मे समृद्धि आ सुशासन कायम ना होखे सकि : नेता खनाल

अजय कु. चौरसिया
वीरगंज १८ कुवार
नेपाल कम्युनिष्ट पाटी (एकीकृत समाजवादी)के सम्मानित नेता एवं पूर्व प्रधानमन्त्री झलनाथ खनाल भ्रष्टाचार के अन्त्य ना होखे तक देश मे समृद्धि आ सुशासन कायम होखे ना सकेके बतवले बानी ।
समाजवादी जागरण अभियान अन्र्तगत बियफे के दिने बीरगंज के घण्टाघर मे आयोजना कईल सभा के सम्बोधन करत नेता खनाल ई अभियान के समय मे समाजवाद काहे जरुरी बा ? देश मे विकृति आ विसंगती बढ रहला से एकर भण्डाफोर करे खातिर समाजवादी जागरण अभियान हमनी सुरु कईले बानी आ एमे जनता के भरपुर समर्थन मिल रहल बतवनी ।
पूर्व प्रधानमन्त्री खनाल नेकपा एमाले के अध्यक्ष केपी ओली के कटाक्ष करत उनका के मुर्ख कालीदास के संज्ञा देहनी । ओली संविधान के मर्म के ना बुझके संसद विघटन कईल देश खातिर बढिया ना भईल चर्चा करत ओली देश के बर्वादी ओरी धकेलेमे लागल षडयन्त्र कर रहल आरोप लगागत हमनी संविधाना के बचावे ओरी लागल बतवनी । कालीदास गाछि के उपर बईठके जर काटेके प्रयास कईल उदाहरण प्रस्तुत करत नेता खनाल एमाले अध्यक्ष ओली कालीदास जईसन कर रहल आरोप लगवनी । अभी भी ओली भुकम्प के बाद समय समय मे आवेवाला पराकम्प जईसन कर रहला मे २०८४ साल के आम निर्वाचन मे कालीदास हि बनेके टिप्पणी कईनी ।
वीरगंज के कृषि औजार कारखान, हेटौडा के सिमेन्ट काराखाना लगायत देश के बडका बडका उधोग बन्द भईला मे चिन्ता जनावत विदेश जारहल युवाके आपन देश मे भी कल काराखाना खोल के रोजगारी देवेके बात मे जोड देहनी ।
उ जागरण अभियान मे अनेरास्ववियु एकीकृत समाजवादी पर्सा जिल्ला आयोजक कमिटी के घोषणा भईल रहे । मेवालाल साह के संयोजकत्व मे ४१ सदस्यीय आयोजक कमिटी घोषणा भईला मे नेता खनाल कमिटी के सदस्यलोग के स्वगात करत बधाई देहले रहनी । पार्टी मे युवालोग के विशेष ग्राहयता देके पर्सा जिल्ला के नेकपा एस के लाल किला बनावे खातिर सुझाव देहले रहनी ।
अभियान मे पार्टी के उपाध्यक्ष जयन्ती राई दलित, पिडित, जनानी, पिछडल वर्ग लगायत के हक अधिकार दिलावे खातिर हमनी जागरण अभियान सुरु कईल चर्चा करत रोजगार सृजना करे सकला पर मात्र देश आत्मनिर्भर बने सकेके बतवनी । राई कहनी, हमनी के देश अभी दलाल, पुजीबाट, उपभोक्तावादीलोग उपयोग कर रहल बाडन, एकरा से मुक्त करे खातिर रोजगारी सृजना करेके पडि, किसान के समय मे खाद, बिया देवेके बात मे जोड देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे पार्टी के उपमहासचिव एवं मोर्चा संगठन के ईन्चार्ज बिजय पौडेल समाजवादी क्रान्ति के निति, कार्यदिशा, सिद्धान्त बारे जानकारी करावत जनता के जागृत करावे खातिर जागरण अभियान २०८० सुरु कईल बतवनी । उ समाजवाद के लक्ष्य बनाके हमनी ई समय करेवाला कामसब काथि बा, हमनी सचेत होके जागरण अभियान ओरी अगाडि बढत जनता के अपार सहानुभुति लिया रहल बतवनी । आजु हमनी के देश मे बेरोजगारी बहुते बा, हमनी के युवालोग खाडी जाएमे बाध्य बाडन उलोग के कईसे रोकेके पडि, ई सारा समस्यासब के समाधान एके बा उ देश के औधोगिकरण करेके परल, उद्योग खोलेके परल, हमनी के कृषि आधुनिकरण करेके परल, जब तक उद्योग ना खोलल जाई, जब तक कृषि के आधुनिकरण करे ना सकल जाई तब तक हमनी के अवस्था बदले ना सकेके दाबी कईनी ।
कार्जक्रम मे पार्टी के केन्द्रिय सचिव नागेन्द्र चौधरी, पोलिटव्युरो सदस्य चिरञ्जीवी आचार्य, सरोज साह, श्रीप्रसाद साह, अनेरास्ववियु एकीकृत समाजवादी के केन्द्रिय अध्यक्ष आरती लामा, केन्द्रिय प्रचार विभाग सदस्य राघव साह, वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






