सुनसरी मे पाँच बुँदे सहमति, कर्फ्यू धिरे धिरे हटी
सुनसरी मे पाँच बुँदे सहमति, कर्फ्यू धिरे धिरे हटी

विराटनगर २४ चईत
सुनसरी के हरिनगर गाँवपालिका मे भईल दु समुदायबीच के विवाद साम्य बनावे खातिर पाँच बुँदे सहमति भईल बा । शनिचर के दिने बईठल सर्वदलीय सर्वपक्षीय बईठक पाँच बुँदे सहमति भईल बा ।
फेसबुक मे राखल भिडियो के चलते सुरु भईल विवाद से स्थिति अशान्त बनला के बाद शुक के सँझिया से सुनसरी के इनरुवा नगरपालिका, भोक्राहा नरसिंह गाँवपालिका, हरिनगर गाँवपालिका, देवानगञ्ज गाँवपालिका आ कोशी गाँवपालिका मे अनिश्चितकालीन कर्फ्यू आदेश जारी भईल रहे ।
शनिचर के सहमति के बाद कर्फ्यू धिरे धिरे हटेके सुनसरी के कामु प्रमुख जिल्ला अधिकारी वेदराज फुयाल जानकारी देहनी ।
बईठक मे दुनु पक्ष से कईल गतिविधि फिर्ता लेवेके, कर्फ्यू के सहज बनावत लेजाएके आ हटावेके, झडप मे घायल भईललोग के निःशुल्क ईलाज करेके आ जरुरत के आधार मे छानविन आयोग गठन करेके सहमति भईल बा ।
समस्या सामधान के खातिर प्रदेश सांसदलोग के जिम्मेवारी देवेके भी सहमति भईल बा ।
‘जरुरी परला पर छानविन आयोग गठन करेके निर्णय भईल बा’, फुयाल कहनी, ‘कउन मोडालिटी मे बनावेके कहके ब्याख्या भईल नईखे, जरुरत मुताविक बनावेके निर्णय भईल बा ।’
हरिनगर गाँवपालिका– १ भुटाहा मे दु समूह बीच भईल झडप से अवस्था तनावग्रस्त बनला के बाद शुक के सँझिया से कर्फ्यू लागल रहे । स्थीति नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस ८० राउन्ड हवाई फायर आ ३९ सेल अश्रु ग्यास प्रहार कईले रहे ।






