भ्रष्टाचार के मामिला मे विज्ञता हासिल कईल अधिकृत साह आ लेखापाल यादव उपर के करी कारवाही ?

वीरगंज १९ कुवार

भ्रष्टाचार के मामिला मे विज्ञता हासिल कईल देवताल गाँवपालिका के तत्कालिन प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सिकेन्द्र प्रसाद साह आ वर्तमान लेखा अधिकृत गजेन्द्र कुमार यादव लाखो लाख भ्रष्टाचार करके अकुत सम्पत्ति कमईला पर भी अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग, सम्पत्ति सुद्धिकरण विभाग लगायत के आउर नियमनकारी निकाय छानबिन करके कारवाही प्रक्रिया अगाडि ना बढईला से सचेत नागरिकलोग आश्चर्य मे परल बाडन ।

भ्रष्टाचार सन्दर्भ मे सुक्ष्म अनुभव रहल अधिकृत साह आ यादव कमिशन के सेटिङ्ग मे आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के सामग्री खरिद मे १४ लाख ५४ हजार २ सय ६८ रोपेया हिनामिना कईल मिलल बा । मलेप के प्रतिवेदन के क्रम सं. १२.१ मे गाँवपालिका अनेकन १४ किसिम के कम्प्यूटर सामान, ईलेक्ट्रीक समाग्री, एलईडी बल्ब, मास्क आ सेनिटाइजर लगायत के सामानसब सोझे खरिद करके अनेकन आपुर्तिकर्तालोग के १४,५४,२६८ रोपेया भुक्तानी कईल उल्लेख बा ।

सार्वजनिक खरिद ऐन, २०६३ के दफा ५ मुताविक सार्वजनिक निकाय एक लाख रोपेया से बेसी के कउनो भी खरिद के खातिर तोकल बमोजिम के लागत अनुमान तईयार करेके, दफा ८ (२) मे खरिद कईला पर प्रतिस्पर्धा सीमित होखेवाला किसिम से टुक्रा–टुक्रा करके खरिद ना करेके व्यवस्था बा । गाँवपालिका रु. १ लाख रोपेया से बेसी के खरिद कईला पर तोकल विधि के पालना ना करके सोझै खरिद करके विविध खर्च शिर्षक से अनेकन सप्लायर्स से रु. १४,५४,२६८ भुक्तानी देहले बा । खरिद कईल सामान खाखिला कईल भी देखल गईल नईखे । खरिद नियमावली के पालना ना करके सोझे खरिद करके भुक्तानी कईला से भी भ्रष्टाचार भईल घाम जईसन अजोर बा ।

भ्रष्ट अधिकृत साह आ यादव के मिलीभगत मे कम्प्यूटर एण्ड आईटी सप्लार्य से अनेकन १४ किसिम के कम्पयूटर सामग्री खरिद मे २ लाख ९७ हजार ३ सय ३ रोपेया, विद्या ट्रेडर्स से ईलेक्ट्रिक्स सामान खरिद मे ४ लाख ९९ हजार २ सय ३४ रोपेया, मुनी ईन्टरप्राईजेज से एल.ई.डि बल्ब खरिद मे ४ लाख ९६ हजार ४ सय ९३ रोपेया आ शिव स्टोर एण्ड सप्लायर्स से मास्क, सेनिटाईजर १ लाख ६१ हजार २ सय ३८ रोपेया करके जम्मा १४,५४,२६८ रोपेया के सामानसब खरिद कईल भुक्तानी कईला पर भी उ सामानसब दाखिला ना रहल मिलल बा । देवताल गाँवपालिका के एक कर्मचारी के मुताविक अधिकृत साह आ लेखा अधिकृत यादव बिल मात्र मगाके भुक्तानी देखाके उलोग उ रोपेया खुदे दम्पच कईल आरोप लगवनी । ई शिर्षक भ्रष्ट अधिकृत साह आ यादव के खातिर उदाहरण मात्र ह ।

अईसन काण्डसब दर्जनो भईल समाचार स्रोत जनवले बा । मलेप के प्रतिवेदन से उ रोपेया बेरुजु कायम कईला के बाद स्थानीय सरकार संचालन ऐन २०७४ के दफा ८४(२)(घ) मे बेरुजू फछर्यौट करे करावेके काम कर्तव्य प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के होखेके व्यवस्था बा । ऐन मुताविक जिम्मेवार आदमी के चलते हिनामिना भा हानि–नोक्सानी भईल रोपेया किटान कईल व्यवहोरा के असुल करेवाला बेरुजू मे वर्गीकरण कईल बा । तत्कालिन देवताल के अधिकृत साह अभी पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिमा मे भ्रष्टाचार के ताण्डव हि मचा रहल स्थानियलोग के आरोप रहल बा ।

तत्कालिन समय मे अधिकृत साह देवताल गाँवपालिका मे भ्रष्टाचार कईला के चलते स्थानियलोग उनका के सरुवा कराके दोसर अधिकृत वकिल पाल के हाजिर करावे खातिर आन्दोलन हि कईले रहलन । चुनाव के समय मे आन्दोलन भईला पर चुनाव मे असर परेके भईला से पुलीस प्रशासन उ घटना मे प्रत्यक्ष÷अप्रत्यक्ष रुप मे चासो लेहले रहे । उहे मौका के फायदा उठाके अधिकृत साह भ्रष्टाचार के रोपेया से पुलीस प्रशासन मे मोटकस नजराना बुझाके आन्दोलन शान्त करावत उहें रहेमे सफल भईलन ।

बारा जिल्ला के देवताल मे रहला पर अधिकृत साह भ्रष्टाचार के कमाई से कलैया, वीरगंज मे करोडो के अकुत सम्पत्ति आपन आफन्त के नाम मे किनेमे सफल भईल बतावल गईल बा । अभी पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका मे कार्यरत्त रहला पर अधिकृत साह के बानी व्यवहोरा ठिक ना भईल कहत कुछ जनप्रतिनिधिलोग बिरोध जनईला के बाद अधिकृत साह खुदे आपन सरुवा करावे खातिर शक्ति केन्द्रसब दउड रहल स्रोत के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।