प्रेस काउन्सिल नेपाल के आयोजना मे जनानी पत्रकार के ३ दिने प्रविधिमैत्री पत्रकारिता तालिम सुरु

काठमाण्डु २२ कुवार

प्रेस काउन्सिल नेपाल पत्रकार जनानीलोग के लक्षित करके प्रविधिमैत्री पत्रकारिता तालिम सोमार से सुरु कईले बा । काठमाण्डु मे सुरु भईल तालिम के उदघाटन करत सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री रेखा शर्मा पत्रकार जनानी के क्षमता आ दक्षता बढावे खातिर प्रविधि लक्षित तालिम फलदायी होखेक विश्वास जनवनी ।

मन्त्री शर्मा व्यवसायिक आ मर्यादित पत्रकारिता के खातिर अईसन किसिम के तालिम आवेवाला दिन मे आउर सशक्त तरिका से अगाडि बढावेके सुझाव देहले रहनी ।

‘प्रेस काउन्सिल से सुरु कईल बा । एकरा के बढावत जाएके पडि । सरकार के समन्वय आ सहजोग रही, मन्त्री शर्मा कहनी, ‘जनानी के एक्सपर्ट जर्नालिस्ट बनावेके काम मे सभी सरोकारवाला निकाय लागेके पडि ।’

प्रेस काउन्सिल नेपाल के अध्यक्ष बालकृष्ण बस्नेत प्रविधि के माध्यम से दक्ष पत्रकारिता करावेके उदेश्य से तालिम सञ्चालन भईल जानकारी देहनी । उ प्रविधि मैत्री ना भईला से पत्रकारिता से पलायन होखेके आ अवसर से वञ्चित होखेके अवस्था होखे ना देवे खातिर प्रयास मे काउन्सिल लागल बतवनी ।

उ कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासङ्घ के अध्यक्ष विपुल पोख्रेल प्रविधि सँगे जोडके मात्र समयानुकूल पत्रकारिता के अभ्यास होखेके उल्लेख कईनी । न्यूनतम पारिश्रमिक निर्धारण समिति के अध्यक्ष संगीता खड्का नयाँ पुस्ता के पत्रकारिता मे आकर्षण करेके आ पेशा मे रहललोग के टिकावे खातिर अईसन तालिम महत्वपूर्ण होखेके बतवनी ।

सञ्चारिका समूह के अध्यक्ष बिमला तुम्खेवा प्रविधि के उच्चतम प्रयोग से करेवाला पत्रकारिता से पत्रकार जनानी के गुणात्मक, सचेत आ व्यवसायिक रूप मे अगाडि बढावे मे सहजोग करेके बतवनी ।

काउन्सिल के सदस्य शरद अधिकारी आ मुख्य अधिकृत झविन्द्र भुसाल से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे स्वागत मनतव्य सदस्य दुर्गा भण्डारी पौडेल रखले रहनी ।

३ दिन तक चलेवाला उ तालिम मे पहिलका चरण मे बाग्मती प्रदेश के २० जने पत्रकार जनानीलोग सहभागी रहल बाडन । कार्जक्रम मे पत्रकारलोग के मोवाइल आ डाटा जर्नाल्जिम, पत्रकार आचारसंहिता सहित प्रविधिमैत्री पत्रकारिता तालिम देवेके जनावल गईल बा । सहभागीलोग के अरुण कार्की, नसना बज्राचार्य, युवराज घिमिरे, मात्रिका पौडेल, जनक नेपाल, विधान श्रेष्ठ सहित के विज्ञलोग तालिम देवेके बतावल गईल बा ।

बाग्मती के बाद आउर प्रदेश मे भी पत्रकार जनानी के खातिर अईसन तालिम करावेके तइयारी मे रहल काउन्सिल के अध्यक्ष बस्नेत बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।