पुलीस के अनुसन्धान उपर हमनी के चित्त ना बुझल : रुपेश के परिवार

बारा १५ कात्तिक

बारा के कलैया मे बितल सोमार के दिने गोली मारके हत्या कईल रुपेश सर्राफ के परिवारजन पुलीस युवती से नाम जोडके मृतक रुपेश आ हमनीसब के चरित्र हत्या कईल आरोप लगवले बाडन ।
बुध के दिने कलैया मे पुलीस हत्या मे संलग्न मेसे पाँच जने के पत्रकार सम्मेलन करके सार्वजनिक कईला के बाद मृतक रुपेश के दु दाजु पत्रकारलोग से बात करत पुलीस के अनुसन्धान उपर सवाल उठवले बाडन ।

बारा पुलीस पत्रकार सम्मेलन करके युवती सँगे के प्रेम सम्बन्ध के चलते रुपेश के हत्या भईल जानकारी करवले रहलन । माकिर पत्रकारलोग से बातचीत करत मृतक रुपेश के दाजु सुबोध सर्राफ युवती सँगे के प्रेम सम्बन्ध के चलते भाइ रुपेश के हत्या भईल कहके पुलीस के दाबी झुठा रहल दाबी कईनी ।

उ पकडाईल राधा गुप्ता सँगे आपन भाई रुपेश के कउनो प्रेम सम्बन्ध ना रहल दाबी कईनी । पुलीस से कहल जईसन रुपेश के चरित्र ना रहल बतवनी ।

सुबोध कहनी, ‘पुलीस के अनुसन्धान उपर हमनी के चित्त बुझल नईखे । हमर भाई के चरित्रबारे अँगुरी उठावेके कउनो जगहा नईखे । पुलीस अनुसन्धान मे झारा टारे खातिर मृतक रुपेश आ आपन परिवार के चरित्र हत्या कईलें ।’ रुपेश के गोली मारेवाला अपराधी चार जने मेसे अभी तक एक जने के भी पकडे ना सकला मे पुलीस आपन कमजोरी तोपेके प्रयास कर रहल सुबोध बतवनी ।

बाल एकता बोर्डिङ स्कुल के प्रबन्ध निर्देशक भी रहल सुबोध पुलीस से पकडल मेसे दु जने युवक निर्दोष रहल आ पुलीस झुठा आरोप मे फँसावल बतवनी । उ कहनी, ‘हमर स्कुल के दु जने स्टाफ निर्दोष बाडन । उलोग के यातना देके लेहल बयान गलत बा ।’ हत्या के मुख्य योजनाकार कहके पुलीस से सार्वजनिक कईल कलैया ६ के २२ बरीस के राधा गुप्ता आपन स्कुल मे ७ महिना पहिले लेखापाल मे कार्यरत रहला पर उनकर गलत गतितविधि देखला के बाद स्कुल से निकलल सुबोध बतवनी । ओकरा एने रुपेश सँगे उनकर कउनो सम्बन्ध हि ना रहल दाबी उनकर भईया कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।