अस्थायी प्रहरी पोष्ट इनर्वा गाँव के प्रमुख असई राउत देहलें तस्करी के लाईन

अजय चौरसिया
वीरगंज । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ स्थित अस्थायी प्रहरी पोष्ट इनर्वा गाँव के प्रमुख प्रहरी सहायक निरीक्षक मुनिलाल राउत अबैध धन्दा बापत रकम असुल कर रहला पर भी सम्बन्धित निकाय मौन रहल देखला पर स्थानियलोग आश्चर्य मे परल बाडन ।
सीमा से होखेवाला अबैध क्रियाकलाप तस्करी बापत रोपेया असुली कर रहल स्थानियलोग के आरोप रहल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक कोमल शाह आपन कार्य क्षेत्र भितर परेवाला कउनो भी नाका से तस्करी होखे ना देवेके आ करावे खोजेवाला पुलीस के कानूनी कारवाही करेके बतावत अईला पर भी प्रहरी सहायक निरीक्षक राउत उपर अभी तक कारवाही प्रक्रिया अगाडि ना बढला पर अनेकन किसिम के शंका उपशंका खडा भईल बा । “एनि हाउ पैसा कमाउ” अभियान मे लागल अस्थायी प्रहरी पोष्ट इनर्वा के प्रहरी सहायक निरीक्षक राउत अभी के समय मे बडका तस्कर के लाइन देहल समाचार श्रोत बतवले बा । अभी ईनर्वा गाँव होके रात के करिब ११ बजे से सबेरे ४ बजे तक भारत से पडाका, कपडा, हार्डवेयर, जुत्ता चप्पल, किराना लगायत के सामानसब पुलीस के मिलीभगत मे नेपाल आरहल ईनर्वा निवासी एक युवा नाम ना लिखेके शर्तमे ई दैनिकके बतवले बाडन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक शाह पर्सा जिल्ला के सभी नाका मे कडाई करे खातिर निर्देशन देहला पर भी उनका मातहत के ईनर्वा गाँव से खुल्लेयाम रुप मे तस्करी होरहल स्थानिय प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।
एने स्थानीय युवालोग के मुताविक ईनर्वा के असई राउत रोपेया ना लेवेतक कउनो भी तस्करी के लाइन चले ना देरहल स्रोत के कहनाम बा । ई बिषय मे ईनर्वा के असई राउत से सम्पर्क करेके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर सम्पर्क होखे ना सकल ।





