छिपहरमाई के भ्रष्ट अधिकृत साह आ लेखापाल पटेल भ्रष्टाचार के बढावा दे रहल
छिपहरमाई के भ्रष्ट अधिकृत साह आ लेखापाल पटेल भ्रष्टाचार के बढावा दे रहल

वीरगंज २१ कात्तिक
बारा जिल्ला के देवताल गाँवपालिका के तत्कालिन भ्रष्ट प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सिकेन्द्र साह कमिशन के खातिर आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ मे काम करे से पहिले नियम कानुन के धोती लगावत उपभोक्ता समिति के ४७ लाख ८८ हजार ९ सय ८७ रोपेया पेश्की देके भ्रष्टाचार कईल करावल मिलल बा ।
नियम कानुन बिपरित उपभोक्ता समिति के ३५ प्रतिशत पेश्की देहला मे मलेप के कार्यालय बेरुजु कायम करत उ रकम असुल उपर करेके कहले बा । मलेप के प्रतिवेदन के क्रम सं. ६.३ मे उपभोक्ता समिति के पेश्की ः सार्वजनिक खरिद नियमावली, २०६४ के नियम ९७(५) मे उपभोक्ता समिति के कउनो काम के खातिर पेश्की उपलब्ध करईला पर सम्झौता रकम के एक तिहाई ना बढेवाला किसिम से उपलब्ध करावेके व्यवस्था बा । कार्यालय निम्नानुसार उपभोक्ता समिति के सम्झौता रकम के करिब ३५ प्रतिशत पेश्की देहल देखल गईल बा ।
लेखापरीक्षण के अवधि तक काम ना कईल आ उपभोक्ता समिति के पदाधिकारी बैंक से पेश्की देहला के बाद निकालल देखल गईल बा । उपभोक्ता समिति से आर्थिक कार्यविधि तथा वित्तीय उत्तरदायित्व नियमावली, २०७७ के नियम ५१ बमोजिम वार्षिक १० प्रतिशत होखेवाला ब्याज भी थप करके पेश्की लेगईल रोपेया रु. ४७, ८८, ९८७÷– असुल करेके मलेप के प्रतिवेदन उल्लेख कईले बा ।
भ्रष्ट प्रवृति के अधिकृत साह कमिशन के खातिर भुक्तानी कईल बाटो पक्की ढलान निर्माण उपभोक्ता समिति के तावारख मियाँ धोबी, राहुल कुमार, अविनाश कुमार सिंह अनेकन मिति मे ४७ लाख ८८ हजार ९ सय ८७ हजार बैंक से रोपेया निकालल मलेप के प्रतिवेदन देखवले बा ।
स्थानीय सरकार संचालन ऐन २०७४ के दफा ८४(२)(घ) मे बेरुजू फछर्यौट करे करावेके काम कर्तव्य प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के होखेके व्यवस्था बा ।
ऐन मुताविक जिम्मेवार आदमी के चलते हिनामिना भा हानि–नोक्सानी पारल रोपेया किटान कईल व्यवहोरा के असुल करेवाला बेरुजू मे वर्गीकरण कईल जाला । एकरा से भी भ्रष्टाचार भईल घाम जईसन छर्लङ्ग होखेला । भ्रष्ट अधिकृत साह लाखो भ्रष्टाचार करके “दिन दुगुना रात चौगुना” मोटात गईला पर भी अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग, सम्पति शुद्धिकरण विभाग लगायत के नियमकारी निकाय छानबिन करके कारबाही प्रक्रिया अगाडी ना बढईला पर देवतालबासीलोग दांत से अँगुरी काटेमे बाँध्य भईल बाडन ।
भ्रष्टाचार सन्दर्भ मे सुक्ष्म अनुभव रहल अधिकृत साह कमिशन के सेटिङ्ग मे आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के पेश्की खर्च मे ४७ लाख से बेसी भुक्तानी करके भ्रष्टाचार कईल स्थानिय के आरोप के मलेप के प्रतिवेदन भी पुष्टि कईल देखल गईल बा । तत्कालिन देवताल के अधिकृत साह अभी पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका मे लेखा प्रमुख संजय पटेल से मिलके भ्रष्टाचार के ताण्डव हि मचा रहल समाचार स्रोत जनवले बा ।
बारा जिल्ला के देवताल मे रहला पर अधिकृत साह भ्रष्टाचार के कमाई से रौतहट के चन्द्रनिगाहपुर मे आलिशान महल, कैयन घडेरी, काठमाण्डु मे घडेरी आ वीरगंज मे करोडो के अकुत सम्पत्ति आपन आफन्तलोग के नाम मे किनेमे सफल भईल बतावल गईल बा । भ्रष्ट अधिकृत साह छिपहरमाई गाँवपालिका मे लेखापाल संजय पटेल के मिलोमतो मे भ्रष्टाचार करे खातिर तल्लीन रहल स्रोत के कहनाम रहल बा ।
भ्रष्टाचार के काम मे माहिर लेखापाल संजय पटेल पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका मे रहल समय ठेक्केदारलोग के करौडो करोड के धरौटी रकम घोटाला कईल स्रोत के कहनाम रहल बा आ छिपहरमाई गाँवपालिका मे भी काम कईल अनेकन फर्मसब के नाम मे कटल ०.५ प्रतिशत के रकम करोडो करोड शिर्षक रकमान्तर करके झ्वाम कईल बतावल गईल बा ।
भ्रष्ट लेखापाल पटेल कउनो भी फर्मसब के भुक्तानी देवेसे पहिले हि पिसी (पर्सनल कमिशन) ना लेवे तक भुक्तानी ना देवेलन कहके भुक्तभोगीलोग बतावेलन । आउर जगहा के लेखापालसब से कमिशन के मामिला मे चतुर रहल पटेल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत से मिलके छिपहरमाई गाँवपालिका मे भ्रष्टाचार के ताण्डव मचा रहल उहे गाँवपालिका के एक कर्मचारी नाम ना छापेके शर्त मे बतवले बाडन ।






