करिब डेढ करोड के सामान सहित दु गो ट्रक पकडाईल

करिब डेढ करोड के सामान सहित दु गो ट्रक पकडाईल

वीरगंज २९ माघ

पर्सा पुलीस वीरगंज से भन्सार राजश्व ना तिरल आशंका मे १ करोड ३९ लाख से बेसी के सामान सहित दु गो मालवाहक ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

दवाई, लत्ताकपडा तथा आउर खुद्रा सामान लाद के वीरगंज से भैरहवा आ झापा ओरी जा रहल दु गो ट्रक पुलीस पकडले बा । पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता तथा प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा के मुताविक वीरगंज से भैरहवा ओरी जा रहल ना ५ ख ८५६५ नम्बर के मालवाहक ट्रक वीरगंज २१ परवानीपुर मे पुलीस रोकके चेकजाँच कईले रहे ।

उ समय मे ट्रक से बिलबिजक शंकास्पद रहल ७० लाख ४३ हजार ७०५ रोपेया बराबर के सामान मिलला के बाद नियन्त्रण मे लेहल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा जानकारी देहनी । एहितरे वीरगंज से दोसर मालवाहक ट्रक भी नियन्त्रण मे लेहल गईल थापा बतवनी । उनका मुताविक वीरगंज से झापा ओरी जा रहल प्रदेश १–०१–००१ ख ३९१५ नम्बर के ट्रक वीरगंज–१४ गण्डक चोक मे पुलीस रोकके चेकजाँच कईला पर उ ट्रक से भी बिलबिजक शंकास्पद रहल ६९ लाख १५ हजार १६९ रोपेया बराबर के लत्ताकपडा तथा दवाई बरामद कईल थापा बतवनी ।

नियन्त्रण मे लेहल गईल दुनु मालवाहक ट्रक के जरुरी अनुसन्धान आ कारबाही के खातिर राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल गईल थापा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।