आर्मी के हरावत पुलिस बनल ‘प्रथम वीरगंज गोल्डकप’ के च्याम्पियन

वीरगंज २५ कात्तिक

मधेस प्रदेश के उच्च धनराशी पुरस्कार भईल ‘प्रथम वीरगंज गोल्डकप फुटबल’ के उपाधि नेपाल पुलिस क्लब जितले बा । वीरगंज के आदर्शनगर रंगशाला मे शनिचर के दिने भईल फाइनल खेल मे दोसर विभागीय टिम त्रिभुवन आर्मी क्लब के टाइबेकर मे २–० से स्तब्ध करत पुलिस क्लब उपाधि जितले बा ।

उपाधि सँगे पुलिस के नगद ११ लाख ११ हजार एक सय ११ रोपेया पुरस्कार मिलल आ उपविजेता आर्मी पाँच लाख ५५ हजार पाँच सय ५५ रोपेया मे चित्त बुझवलख ।

तोकल ९० मिनेट के खेल गोल रहित बराबरी मे ओरईला के बाद खेल के अन्तिम नतिजा टाइबेकर से निकालल गईल रहे । टाइबेकर मे आर्मी के चार जने स्टाइकर गोल करेमे चुकला के बाद उपाधि पुलिस के हाथ मे आईल रहे । टाइबेकर मे पुलिस के खातिर कप्तान राम वजु आ बुद्ध तमांग गोल कईलें आ उज्वल राई के पेनाल्टी सुट आर्मी के गोल रक्षक विकेश कुथु रोक के विफल बनवले रहलन ।

टाइबेकर मे आर्मी के कप्तान नवयुग श्रेष्ठ के प्रहार गोलपोष्ट के सेकेण्ड बार बाहर गईल आ बिमल पाण्डे आ सन्तोष केसी के प्रहार पुलिस के गोलरक्षक सत्रुधन चौधरी रोकले रहलन । जितेन्द्र कार्की के प्रहार गोलपोष्ट के बार मे लागके फिर्ता भईल रहे ।

एकरा से पहिले तोकल समय के खेल मे आर्मी उपर पुलिस के खेलाडी तुलनात्मक रुप मे हाबी भईला पर भी गोल करेमे असफल भईल रहलन । खेल के ३६ वाँ मिनेट मे पुलिस के उज्वल राई पुलिस के डिबक्स बगल से कईल प्रहार पोल के लगेसे बाहर गईल रहे । खेल के ४० वाँ मिनेट मे फेनु उज्वल हि डिबक्स भितर से कईल प्रहार के आर्मी के गोलरक्षक विकेश कुथु रोकके गोल होखेसे बँचवले रहलन ।

खेल के ५५ मिनेट मे भी पुलिस गोल करेके अवसर गुमवले रहे । प्रताप गुरुंग पास करके देहल बल विवेक सन्तोषी आर्मी के गोलरक्षक विकेश से बँचावत अगाडि बढला पर भी आर्मी के रक्षापंक्ती ओकरा के क्लीयर कईले रहलन ।

६९ वाँ मिनेट मे आर्मी के भी गोल करेके अवसर मिलला पर भी बेकार भईल रहे । सन्तोष केसी से कईल प्रहार मे आशीक बाबु चौधरी से कईल हेड पुलिस के बार उपर से बाहर निकलल रहे । फाइनल खेल मे ट्राइबेकर मे आर्मी के लगातार तीन गो प्रहार रोकेमे सफल पुलिस के गोलरक्षक सुत्रुधन चौधरी फाइनल खेल के म्यान अफ दी म्याच घोषित भईलें ।

प्रतियोगिता के सर्वोत्कृष्ट खेलाडी पुलिस के प्रताप गुरुंग घोषित भईलें । उनका नगद ५० हजार रोपेया भी मिलल । एहितरे प्रतियोगिता के उत्कृष्ट गोलरक्षक पुलिस के सत्रुधन चौधरी, उत्कृष्ट मिडफिल्डर पुलिस के उज्वल राई आ उत्कृष्ट रक्षक आर्मी के विमल पाण्डे घोषित भईलें । उलोग के जनही २०÷२० हजार रोपेया देहल गईल । प्रतियोगिता के उत्कृष्ट कोच पुलिस के चेतन घिमिरे घोषित भईलें । उनका भी नगद २० हजार रोपेया मिलल रहे ।

वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह उपाधि विजेता आ उपविजेता टिम के ट्रफी आ मेडल देहले रहनी । वीरगंज महानगरपालिका के मुख्य प्रायोजन मे कातिक १८ से सुरु भईल प्रतियोगिता मे नेपाल के ६ आ भारत के दु करके आठ टिम सहभागी रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।