साना किसान कृषि सहकारी संस्था प्रसौनी के चउथका बार्षिक साधारणसभा पुरा
साना किसान कृषि सहकारी संस्था प्रसौनी के चउथका बार्षिक साधारणसभा पुरा

प्रभु यादव
बारा ०८ अगहन
तराई मधेश मे बिकास महिला उत्थान के खातिर छोट–छोट पुजी के एकठा करके जीवन अगाडि बढाके, झुठा आश्वासन झुठ देरहल काठमाण्डु मे कर्जा मिनहा होई कहरहल बा कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के मधेश प्रदेश अध्यक्ष आ मधेश प्रदेश के भौतिक पुर्वाधार तथा यातायात पूर्व मन्त्री जितेन्द्र सोनल बतावले बानी ।
कर्जा लेहललोग के तिरेके परि झुठ अश्वासन मे ना लागेके सोनल सहभागी लोग के जनकारी करावले बानी । कर्जा लेरहल उत्पादन मुलक काम करेके परल देश के उन्नती होसकेके बात सोनल बतवले बानी । सहकारी संस्था के अधुरा रहल कार्यालय के आपने सकभर सहजोग करेके पुर्ब मन्त्री सोनल बतावले बानी ।
बार्षिक साधारणसभा सहकारी के अध्यक्ष रूना देवी कलवार के सभापतित्व मे भईल जवना मे नेकपा माओवादी केन्द्र प्रसौनी अध्यक्ष बिजय यादव, प्रसौनी गाँवपालिका के पुर्ब अध्यक्ष भोला प्रसाद कलाकार, मनहर्वा साना किसान कृषि सहकारी संस्था के अध्यक्ष नयनकला खडका, सकलदेव मुखिया लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।
साना किसान कृषि सहकारी संस्था प्रसौनि के अध्यक्ष रुना देबी कलवार अग्रिम योजना कृषि, सहुलियत कर्जा, लेखापरीक्षण, कर्मचारी योजना, कर्जा कारोबार, सहुलियत कर्जा, वाहय कर्जा, सदस्य सुरक्षा कार्यक्रम आ व्याज दर पेस प्रतिवेदन मे पेश कईले रहनी । लेखा प्रतिबेदन लेखा समिति संयोजक ममता देबी कानु पेस कईले रहनी आ आर्थिक प्रतिबेदन संस्था के प्रबन्धक कईले रहनी ।
२०७४ साल मे सुरु भईल संस्था प्रसौनी गाँवपालिका भर कार्यक्षेत्र रहल माकिर अभि वार्ड नम्वर १, २, ३, ५ आ ७ मे कर रहल बा ई बरिस मे वार्ड नम्वर ४ आ ६ मे सुरू करेके प्रबन्धक बतावले बानी । अभी संस्था मे ५ सय ९३ जने सदस्य आ समूह एक सय ७ कर के कुल सेयर ४४ लाख ५७ हजार, बचत २ करोड २ लाख २० हजार, आम्दानी ७३ लाख ४० हजार, खर्च ५९ लाख ८६ हजार आ नाफा १३ लाख ५४ हजार रहल प्रबन्धक जनकारी करावले रहनी ।
कार्जक्रम मे संस्था से सदस्य हसिना खातुन, निलावती देबी कोइरीन, चिन्ता देवी पान्डे, राधा देबी श्रेष्ठ, सहनाज खातुन के सम्मान कईल गईल रहे ।






