कलैया उपमहानगरपालिका सूचना लुकारहल बा : डा. साह

प्रभु यादव

बारा ०२ कातिक,
बारा के कलैया मे युवा समूह पत्रकार सम्मेलन कर के कलैया उपमहानगरपालिका सूचना लुका रहल आरोप लगावले बाडन ।

बारा उद्योग बाणिज्य संघ के सभा हल मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे डा. सुशील साह हमनी से मागल गईल सूचना समय विता के देहला पर भी अधुरा देहल पालिका उपर आरोप लगावले बानी ।

नेपाल के संविधान के धारा ३ के दफा २७ मे नागरिक के आपन भा सरकारी कामकाज के सूचना देवे के कईल व्यवस्था के कलैया कवनो व्यवस्था नइखे कईले आ देहलो बाडन त उ अधुरा रहल बा ।

हमनी कुवार ११ गते माँगल सूचना के १९ दिन वाद मिलल जवन अधुरा मिलला पर भ्रष्टाचार होरहल संका बढल कहनी ।

जनता के कर से उठल रोपेया मे अनियमित्ता कररहल आरोप लगावत स्थानिय नियमावली के अनुसार हर काम के पारदर्शिता होखे के चाहिँ जवन ना कर के माग कईला वाद लुका रहल साह के आरोप रहल बा ।

विश्व भर मे आईल कोरोना से बचावेला कईल गईल खर्च के विवरण माग कईले रहनी जवना के चईत से लेके अभितकले के ५७ लाख ४७ हजार चार सय आठ रोपेया के देहले बा ।

मिलल सूचना मे बोखार नापेवाला थर्मा मिटर, सर्जिकल माक्स, पिपिआर कीट, रेनकोट आ आईसुलेसन मे रहल मेस के विवरण मे विल भरपाई ना मिलल पर अनियमित्ता भईल साह के आशंका रहल जानकारी करावले बानी ।

मौखिक जानकारी लेहला पर कार्यालय प्रमुख दु करोड ४० लाख खर्च भईल जनकारी करावले रहनी माकिर सूचना मागला पर कम भईल विवरण आईल शंका के विषय भईल साह कहनी ।

पत्रकार समेल्लन मे पालिका मे जनता से उठल कर के पारदर्शीत कर के देखावे के जगह लुकावे के काम भईल बतवले बानी । पालिका के भ्रष्टाचार के उजागर करेला युवा लोग जवन निकाय मे जाए परी जा के करेला लागल साह कहनी ।

कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रहलाद वर्णवाल आपना सूचना के सम्बन्ध मे जानकारी ना भईल कहनी ।

कोभिड के खर्च मे करोना बजेट दु करोड ५३ लाख भईल जवना मे से एक करोड ५३ लाख खर्च भईल जनकारी करावले बानी ।

नगर के बजेट एक करोड २० लाख, प्रदेश के बजेट २० लाख आ बारा के क्षेत्र नम्वर ३ के संसद रामबाबु यादव के संसदीय कोष के बजेट एक करोड १३ लाख खर्च भईल पत्रकार सम्मेलन मे बतवले रहनी ।

कईसे सूचना मागे वाला के कम के देहल गईल फाँटवाला से जानकारी करे के कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।