देश मे संघिय हिन्दू लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के बिकल्प नईखे :अध्यक्ष यादव
देश मे संघिय हिन्दू लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के बिकल्प नईखे :अध्यक्ष यादव

मेवालाल यादव
रौतहट १४ अगहन
राष्ट्रिय एकता अभियानद्वारा रौतहट सदरमुकाम गौर मे बियफे के दिने “जिहादी आतंकवाद विरुद्ध जन जागरण राष्ट्रिय एकता अभियान” अन्र्तगत जुलुस प्रदर्शन कईल गईल बा ।
राष्ट्रिय एकता अभियान के अध्यक्ष विनयकुमार यादव के नेतृत्व मे सयो जनानी पुरुषलोग ब्यानर सहित जय श्रीराम के नारा लगावत आजु शिवालय मन्दिर से निकलल जुलुस गौर परिक्रमा करके फेनु शिवालय मन्दिर मे पुगके सभा भईल रहे ।
मधेश प्रदेश मे जिहाद के नाम मे हिंसात्मक घटनासब बढ रहल उपर चिन्ता व्यक्त करत अध्यक्ष यादव धार्मिक नाम मे विदेशी जिहादीलोग आके कट्टरबाद के प्रशिक्षण देके हिन्दु धर्म के सभा जुलुस, दुर्गा पुजा सहित अनेकन चाँडपर्व के समय मे हिंसात्मक कार्जक्रम संचालन करावल उपर गम्भीर रुप मे चिन्ता व्यक्त कईनी ।
सोझासाझा मुस्लिम समुदाय के युवालोग के चढावबढाव करके कट्टरबाद के प्रशिक्षण से धार्मिक सभा उपर तलवार प्रहार, धिकल पानी छिटेके, ईटापथल चलावेके लगायत के काम के विरुद्ध मे जनचेतना जगावे के उद्देश्य से गौर मे आजु जुलुस निकालल गईल बतवनी । अईसन जनचेतना से ओईसन कामसब मे भी कामी आवेके भईला से देशभर अईसन अभियान के संचालन करेके उ स्पष्ट कईनी ।
“जिहाद कहल गैर मुस्लिमलोग के समाप्त करेके आ मारेवाला काम के जिहादी कहल जाला” खास करके विदेश से आवेवाला धार्मिक जिहादी मौलानालोग के चलते तराई मधेश मे अईसन घटनासब पिछिलका समय मे बढल उ बतवनी । जिहाद कहल आतंकवाद ह, जिहादी कहल आतंकवादी ह कहके बुझे खातिर अईसन अभियान के रुप मे लियावल अध्यक्ष यादव बतवनी ।
देश मे अभी जउन एगो व्यवस्था विरोधी तत्वसब अनेकन प्रलोभन देखाके वितण्डा मचा रहल उपर कडा रुप मे प्रतिवाद करत ओईसन व्यवस्था विरोधी तत्वसब नेपाली जनतासब के गुमराह मे पारके देश मे अस्थिरता मचावे के काम से सजग होखेके समय आईल बा ।
नेपाली समाज आर्थिक रुप मे आक्रान्त रहल समय व्यवस्था विरोधीलोग हिन्दु राष्ट्र के बात करके जनता के ठग रहला से उलोग हिन्दु धर्म के हिमायती ना होके व्यवस्था विरोधी मात्र भईल आरोप लगावत बहुते पहिले हटावल व्यवस्था के पुनःस्थापित करे ना सकेके भईला से ई देश मे संघिय हिन्दु लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के कउनो विकल्प ना भईल राष्ट्रिय एकता अभियान के अध्यक्ष यादव बतवनी ।
संघिय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र से बढिया व्यवस्था कउनो ना भईला से राष्ट्रिय एकता अभियान ओमे हिन्दु राष्ट्र बनावे खातिर संघिय हिन्दु लोकतान्त्रिक गणतन्त्र बनावेके बात मे जोड देत लोकतन्त्र उपर विश्वास करेवाला एकर कउनो विकल्प ना रहल बतवनी ।
पुराना नेतालोग के चलते अभी अनेकन किसिम के आन्दोलनसब देखाई देवे लागला से बाबु दादा से एमाले, काँग्रेस, माओवादी लगायत के पार्टी मे रहला से ओकरेके भोट देवेके बिचार से उपर उठके लोकतन्त्र के बढिया नेता के भोट देके ई व्यवस्था के दिगोपना देवेके आ जेहाद विरुद्ध जागरुक होके समाज मे शान्ति स्थापनार्थ ओरी अग्रसर होखे खातिर सभी नागरिकलोग हाथेमालो करके अगाडि बढेके बात मे राष्ट्रिय एकता अभियान के अध्यक्ष यादव जोड देहनी ।