सिमरा विमानस्थल मे रिफ्युलिङ सेन्टर स्थापना

सिमरा विमानस्थल मे रिफ्युलिङ सेन्टर स्थापना

बारा १७ अगहन

सिमरा विमानस्थल मे हवाइ इन्धन के रिफ्युलिङ सेन्टर स्थापना भईल बा । नेपाल आयल निगम से स्थापना कईल उ रिफ्युलिङ सेन्टर के एतवार के दिने उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री रमेश रिजाल उदघाटन कईले बानी । त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के बाद नेपाल के सबसे पुराना विमानस्थल के रुप मे रहल उ विमानस्थल मे अभी तक हवाई इन्धन भरेके व्यवस्था ना रहे ।

रिफ्युलिङ सेन्टर सञ्चालन मे अईला सँगे त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल से (आन्तरिक ओरी) लगेके वैकल्पिक विमास्थल के रुप मे उ विमानस्थल के प्रयोग मे लियावे सकेके निगम के प्रवक्ता मनोज ठाकुर जानकारी देहनी ।

‘काठमाण्डु से उडान भा काठमाण्डु मे अवतरण करेवाला आन्तरिक उडान के खातिर सिमरा विमास्थल के वैकल्पिक विमानस्थल के रुप मे राखला मे हवाई इन्धन रिफ्युलिङ सेवा आपतकालीन उडान तथा अवतरण मे सहजता लिआई’, उ कहनी । काठमाण्डु मे मौसम खराब भा हवाई चाप भईला पर भैरहवा आ विराटनगर मार्ग परिवर्तन करेके अवस्था के अन्त्य भईल नेपाल नागरिक उड्डयन प्राधिकरण जनवले बा ।

काठमाण्डु से सिमरा तक के हवाई यात्रा के समय करिब १५ मिनेट रहल बा । रिफ्युलिङ सेन्टरके स्थापना के बाद हवाई यात्रा के कनेक्टिभिटी आ पहुँच के सुदृढ करत उड्डयन उद्योग आ हवाई यात्रु दुनु के फायदा पुगेके निगम के विश्वास बा ।

रिफ्युलिङ सेन्टर के खातिर निगम विमानस्थल मे ११ आ १६ किलोलिटर के २ गो रिफ्युलर तथा ९ किलोलिटर के ‘डिस्पेन्सर’ के व्यवस्था कईले बा । सिमरा विमानस्थल मे भण्डारण ट्याङ्क स्थापना ना होखे तक जनकपुर मे रहल डिपो से हवाई इन्धन लियावल जाई । निगम अभी भारत के बरौनी से जनकपुर डिपो मे हवाइ इन्धन लियावल जाला ।

निगम के कार्यकारी निर्देशक उमेशप्रसाद थानी हवाई इन्धन रिफ्युलिङ सेवा विस्तार करेके नीति तथा कार्जक्रम मुताविक ई बरीस पहिलका बेर सिमरा विमानस्थाल मे सेवा सुरु कईल बतवनी । निगम इहे बरीस भरतपुर आ जुम्ला विमानस्थल मे भी सेवा विस्तार करेके योजना बनावल उ जानकारी देहनी ।

ई सेवा विस्तार से निगम के सिमरा से काठमाण्डु तक के ढुवानी मे लागत आईल ढुवानी भाडा बचत होखेके प्रवक्ता ठाकुर के कहनाम बा । सेवा विस्तार से जहाज के लोड क्षमता व्यवस्थापन करे खातिर तथा त्रिभुवन विमानस्थल के चाप घटावे खातिर भी सहजोग पुगेके उनकर विश्वास बा । अभी दैनिक ९ गो उडान तथा अवतरण होत आईल सिमरा विमानस्थल से करिब ९ सय से एक हजार यात्रु सेवा लेत आईल बाडन ।

उ अवसर मे मन्त्री रिजाल व्यावसायिक संस्था के रुप मे रहल निगम खाना पकावेवाला ग्यास मे जनता के सहुलियत देवे खातिर नोक्सानी व्यहोरके भईला पर भी सस्ता मूल्य मे उपलब्ध करावल गईल बतवनी । उ औद्योगिक तथा व्यावसयिक प्रयोजन के खातिर पाँच सय से एक हजार किलोग्राम क्षमता के सिलिन्डर के व्यवस्था करे खातिर प्रयास कर रहल बतवनी । एकरा से व्यावसायिक प्रयोजन के ग्यास मे अनुदान घटाके नोक्सानी कम करेमे सहजोग पुगेके उनकर विश्वास बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।