कारागार से अईला के बाद फेनु गाँजा के कारोबार

वीरगंज २० माघ,

पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के एक आदमी लागूऔषध गाँजा मुद्दा मे धरौटी मे छुट के फेनु गाँजा कारोबार मे लागल मिलल बा ।

पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–१ मलाही टोल रहेवाला ४५ बरीस के उमेश सहनी लागूऔषध के कारोबार के निरन्तरता देहले बाडन । एतवार के रात छापामारी करत पुलीस सहनी के घर से नगद आ १० किलो गाजा बरामद कईले बा । पुलीस टोली पुगला के बाद सहनी भागेमे सफल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

सहनी के घर से एक लाख ४८ हजार नेपाली रोपेया, २० हजार भारतीय रोपेया आ १० किलो गाँजा बरामद भईल प्रहरी निरीक्षक कुसलकुमार बर्तौला जानकारी देहनी । सहनी के घर मे लागूऔषध गाँजा चोरालुका के राखल अवैध कारोबार होत बा कहके बिशेष सूचना के आधार मे छापा मारला पर गाँजा बरामद भईल उनकर कहनाम बा ।

“पुलीस टोली घर पुगल जानकारी मिलला के बाद सहनी भागल बाडन । चेकजाँच कईला पर घर लगे के सिपटी मे लुका के राखल अवस्था मे १० किलो गाँजा, नेरु १ लाख ४८ हजार रोपेया आ भारु २० हजार मिलल,” उ बतवनी ।

बरामद कईल लागूऔषध गाँजा आ पइसा जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल गईल आ सहनी के खोजी हो रहल बर्तौला बतवनी । एकरा से पहिले सहनी विरुद्ध पुलीस ०७६ वैशाख ९ गते पर्सा जिल्ला अदालत मे लागूऔषध गाँजा मुद्दा दर्ता कईले रहे ।

पर्सा जिल्ला अदालत माँगल मुताविक ६ लाख धरौटी बुझा के उ तारिख मे छुटल रहलन । लागूऔषध के मुद्दा मे तारेख मे रिहा होके सहनी फेनु पहिले के काम मे लागल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।