ऊँख से बनरहल चिनी लगायत के सामान के मूल्य वैज्ञानिक विधि से तोकेके माग

प्रभु यादव /
बारा २९ अगहन,
बारा के कलैया मे उख उत्पादक किसान आ उँखु किसान हक हित संघर्ष समिति वैज्ञानिक विधि से मूल्य तोके खातिर सरकार से माग कईले बा ।
पत्रकार सम्मेलन कर के ऊँखु किसान हक हित संघर्ष समिति के अध्यक्ष ईनरदेव कुशवाहा ऊँख से चिनी सहित के बनेवाला समान सब के रिलायन्स सुगर एण्ड के.ई.प्रा.लि. श्रीपुर के मूल्य सूची देखावत सरकार आ उद्योगी चिनी के मूल्य देखा के मात्र ऊँख के मूल्य तोक के ठगी कर रहल बतवले बानी ।
रिलायन्स सुगर मिल मे ऊँख से बनल चिनी, ई.एन.ए. स्प्रिट, रेक्टिफाईड स्प्रिट, डिनेचर स्प्रिट, बायो क्पोष्ट पैकिंग, बायो कम्पोस्ट खुल्ला, बायो फर्टिलाईजर, बकास (भुसा) लगायत के समान सब एक क्युन्टल ऊँख से बनल बेचला पर एक हजार एक सय ७३ रोपेया ५० पईसा उद्योगी उठावेला माकिर किसान के सरकार से ७० रोपेया मिलल अनुदान सहित छव सय १० रोपेया मिलेला पत्रकार सम्मेलन मे जनकारी करावले बा ।
ऊँख से बनल समान विक्री कईल रोपेया के ६० प्रतिशत किसान के आ ४० प्रतिशत मिल मालिक के होखेला अध्यक्ष कुशवाहा जनकारी करावले बानी । ऊँख से बनल चिनी के करिब ९० रोपेया के दर से एक क्युन्टल से बनल १० किलो चिनी के ९०० सय रोपेया के ४० प्रतिशत उद्योगी ६० प्रतिशत किसान के कर के ऊँख के मूल्य ६१० तोकल कुशवाहा बतावले बानी ।
पत्रकार सम्मेलन कर के जनकारी करावला के बाद जिल्ला प्रशासन मार्फत ज्ञापन पत्र सरकार के प्रधानमन्त्री कार्यालय, कृषि पशु पंक्षि मन्त्रालय, उधोग तथा श्रम मन्त्रालय अउर देश भर के चिनी कारखाना मे पेठावल गईल कुशवाहा बतावले बानी ।
देश मे बढल चिनी विदेश से मगावेके काम कर रहल जवन किसान के मारेके काम चिनी कारखाना के भेजल गईल अध्यक्ष कुशवाहा जनकारी करावले बानी । वैज्ञानिक विधि से ऊँख के मूल्य ना तोकाई तब ऊँख के खेती छोडेके पडी कहके कुशवाहा आपन दुःख सुनवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।