१५ लाख बराबरके मोबाईल सहित एक जने पकडईलें
१५ लाख बराबरके मोबाईल सहित एक जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा ११ पुस
बारा पुलीस १५ लाख मुल्य बराबर के ५१ थान अबैध भन्सार छली के मोबाईल सहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे बारागढी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ खोपवा टोल रहेवाला रूपन कहेवाला रूपनारायण चौधरी रहल बाडन ।
विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटल पुलीस टोली चौधरी के घर मे खानतलासी कईला पर अनेकन कम्पनी के ५१ थान मोबाईल सेटसब, ४८ थान चार्जर, ब्याट्री ९ थान आ मोबाईल कभर १४ थान करके १५ लाख रोपेया मुल्य बराबर के सामानसब पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के नि.सूचना अधिकारी बिरेन्द्र राज गुरुङ जानकारी देहनी । समान सहित चौधरी के हिरासत मे लेके आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।






