राम मन्दिर के प्राण–प्रतिष्ठा समारोह मे जल सहित अयोध्या निकलल श्री गहवामाई रथयात्रा समिति

राम मन्दिर के प्राण–प्रतिष्ठा समारोह मे जल सहित अयोध्या निकलल श्री गहवामाई रथयात्रा समिति

वीरगंज १२ पुस

भारत के अयोध्या मे २२ जनवरी २०२४ मे होखे लागल श्रीराम मन्दिर के प्राण–प्रतिष्ठा समारोह मे पूर्व मेची से पश्चिम महाकाली तक से बितल करिब दु हप्ता से संकलन कईल जल लेके श्री गहवामाई रथयात्रा समिति वीरगंज बियफे के दिने अयोध्या खातिर चलल बा ।

बुध के दिने जनकपुरधाम से एगो ट्रक मे बडका कलशा मे जल राखके निकलल श्रद्धालु भक्तजन सहित के जलयात्रा सँझिया वीरगंज पुगल रहे । बियफे के सबेरे वीरगंज के गहवामाई मन्दिर अगाडि सभी श्रद्धालु भक्तजनलोग ढोलबाजा सहित भारत आयोध्या खातिर जलयात्रा मे निकलल रहलन । जनकपुरधाम से निकलल जययात्रा नेपाल के अनेकन जिल्ला होत भारत के अयोध्या पुगके राम मन्दिर समिति के हस्तान्तरण करेके कार्जक्रम रहल रथयात्रा समिति के उपाध्यक्ष देवानन्द कलवार बतवनी ।

श्री गहवामाई रथयात्रा समिति के उपाध्यक्ष देवानन्द कलवार, महासचिव लक्ष्मी नारायण (पप्पु) गुप्ता के नेतृत्व मे करिब ७० जने श्रद्धालु भक्तजन जलयात्रा मे गईल जनावल गईल बा ।

राम मन्दिर प्राण प्रतिष्ठा होखेवाला दिन रथयात्रा समिति वीरगंज मे सबेरे मोटरसाईकल जुलुस हित माईस्थान मन्दिर परिसर मे सवा लाख दिप प्रज्वलन करेके भी उपाध्यक्ष कलवार बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।