रौतहट मे १८ लाख नक्कली रोपेया सहित युवक पकडईलें

रौतहट मे १८ लाख नक्कली रोपेया सहित युवक पकडईलें

रौतहट १९ पुस

रौतहट पुलीस १८ लाख रोपेया से बेसी नेपाली नक्कली रोपेया सहित एक युवक के पकडले बा । पुलीस गुजरा नगरपालिका–५ हरिहरपुर के २५ बरीस के सन्दीप यादव के देवाही गोनाही नगरपालिका–८ पटेल चोक से १८ लाख ४३ हजार रोपेया के नक्कली नोट सहित पकडले बा ।

जयसवाल के पुलीस बियफे के दिने पत्रकार सम्मेलन करत सार्वजनिक कईले बा । जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी महेन्द्र श्रेष्ठ नक्कली नोट के गिरोह सक्रिय बा कहके पूर्वसूचना के आधार मे चेकजाँच कईला पर जयसवाल नक्कली नोट सहित पकडाईल जानकारी देहनी ।

‘जिल्ला मे नक्कली नोट के गिरोह सक्रिय बा कहके पहिले हि सुचना मिलल रहे । रातभर सर्च अप्रेसन कईला के बाद पकडेमे सफल भईल बानी,‘ कहत उ ‘नक्कली नोट कहाँ से लियावल कहके खुलेके बाँकी बा ।’

एसपी श्रेष्ठ के मुताविक रात मे पटेल चोक मे सवारी चेकजाँच के समय मे यादव के साथ से पुलीस १ हजार ८ सय ४३ थान १ हजार के नक्कली रोपेया बरामद कईले रहे । कुछ महिना से जिल्ला के अनेकन बजारसब मे नक्कली नोट बरामद होखे लागला के बाद पुलीस निगरानी बढवले रहे । नक्कली रोपेया सहित पकडाईल यादव के मुद्रा सम्बन्धी कसुर अन्तर्गत अनुसन्धान तथा कारवाही अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी प्रवक्ता डिएसपी एलिजा गिरी जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक यादव के साथ से अनेकन बैंक के ५ थान एटिएम कार्ड आ १६ लाख ६५ हजार उल्लेख भईल चेक भी बरामद भईल बा । एकरा से पहिले पुलीस टोली गरुडा नगरपालिका के शिवनगरस्थित मेला से भारतीय रोपेया सहित चार जने, गरुडा नगरपालिका–४ से १ हजार दर के ७ थान नक्कली रोपेया सहित ३ जने आ बालचनपुर से १ हजार दर के २० थान नक्कली रोपेया सहित १ जने के पकडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।