भाटीघारी सामुदायिक वन मे वृक्षारोपण
जनकपुरधाम १२ सावन,
धनुषा जिल्ला के मिथिला नगरपालिका–४ (पुष्पवलपुर) स्थित भाटीघारी सामुदायिक वन भितर पर्ति के रुप मे रहल ३२ हेक्टर (लगभग ५२ बिगहा) मे प्राकृतिक वन के रुप मे पूनःस्थापना करेके कार्जक्रम सुरु भईल बा ।
प्रदेश नं. २ के चुरे भितर रहल पर्ति आ नदी किनार के जमिनसब के बन के रुप मे पूनःस्थापना करके प्रदेश २ के पूर्व मे रहल कोशी टापु वन्यजन्तु आरक्ष से पश्चिम मे रहल पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज तक आवतजावत करेवाला वन्यजन्तु आ उ क्षेत्र मे वसोवास करत आ रहल समुदाय बिच के द्वन्द न्यूनिकरण करे खातिर धनुषा के मिथिला नगरपालिका भाटीघारी सामुदायिक वन मे पहिलका चरण मे वृक्षारोपन कार्जक्रम सुरु भईलब ा ।
भाटीघारी पूनःस्थापना परियोजना नाम देहल ई परियोजना के यूके स्थित बेटाबेटी (ऋजयचब ऋजयचष्) आ जेम्मा आ क्रिस मैकगघ फाउण्डेसन आर्थिक सहजोग कईले बाडन ।
ई परियोजना के खातिर जरुरी पडेवाला पौधा आ प्राबिधिक सहजोग डिभिजन वन कार्यालय, धनुषा उपलब्ध करवले बा । पहिलका चरण मे २ बरीस ६ महिना लगाके भाटीघारी सामुदायिक वन बनावेके आ स्थानिय वातावरण मे मिलेवाला पौधा के प्रजातीसब रोपके प्राकृतिक वन के रुप मे परिणत करेके लक्ष्य रहल जनावल बा ।
ई परियोजना अन्तर्गत लकडी प्रजाती के पौधा ४० प्रतिशत रोपल जाई आ बाँकी ६० प्रतिशत स्थानिय चराचुरुङ्गि आ वन्यजन्तुसब के आकर्षण करेवाला प्रजातीसब के साथे रैथाने प्रजातिबस के संरक्षण करेवाला किसिम से स्थानिय स्तर से बोट आ बिया संकलन करके वृक्षारोपण कईल जाई ।
कार्जक्रम संयोजन अभियानी स.व.अ. सुरेश शर्मा आ अध्यक्षता भाटीघारी सामुदायिक वन के अध्यक्ष श्याम गोले कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी के रुप मे राम अशिष यादव, एहितरे डिभिजनल वन अधिकृत अशोक कुमार झा, सामुदायिक वन उपभोक्ता महासंघ, प्रदेश २ के संयोजक शोम प्रसाद शर्मा, स.व.अ. शंकर नारायण झा, स.व.अ. राजेन्द्र लाल कर्ण, एन्टि प्लास्टिक अभियानी कृष्ण चन्द साह, यूवा अभियानि किसन साह आ विकास यादव, प्याक नेपाल के अध्यक्ष सुनिल यादव, मिथिला वाईल्डलाईफ ट्रष्ट के अध्यक्ष देवनारायण मण्डल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।