दोहोरो नागरिक उपर ना भईल कारवाही
दोहोरो नागरिक उपर ना भईल कारवाही

मेवालाल यादव
रौतहट २९ पुस
रौतहट के राजपुर नगरपालिका के वार्ड नं ३ मे रहल आमिन मियाँ धुनिया के दामाद अभी ३ साविक वार्ड नम्बर ९ के अन्दाजी ४० बरीस के नजरुदिन मंसुुरी भारत के सितामढी जिल्ला अन्तर्गत रहल गा.वि.स.प्रसौनी से दोहोरो नागरिकता लेहल प्रमाण मिलल बा ।
नजरुदिन मंसुुरी के मेहरारु सालमुन नेसा के नेपाली नागरिता आ उहे आदमी के भारत मे नाजवुन बेगम नाम रहल प्रमाण मिलला पर भी रौतहट जिल्ला प्रशासन कार्यालय से कारवाही ना भईल उजुरी देहल पिडित बतवले बाडन । नाजवुन बेगम के नेपाल पुलीस पकडके अनुसन्धान करेके बदले ओईसन ना कर रहल सिकाईत बढल बा ।
आदमी एके गो भईला पर भी भारतीय आधार कार्ड मे नजरे आलम मंसुुरी तथा भोटर आइडी कार्ड मे आलम मंसुरी नाम जात फरक फरक लिखल प्रमाण मिलल बा ।
नेता के संरक्षण मे बँचत अईला से जिल्ला प्रशासनद्वारा कारवाही के प्रक्रिया अगाडि बढावत जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे पत्रचार कईला पर भी उनका के पुलीस पकडे नईखे सकल ।
नजरुदिन आपन ससुर आमिन मियाँ के बाबु बनाके नागरिकता प्राप्त कईले बाडन । आमिन मियाँ के बेटा मुस्तुफा मंसुुरी हमर भईया सावित करके नागरिकता प्राप्त कईल आ उ आदमी अभी फरार रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट मे जानकारी करईला पर भी पुलीस अटेरी कईल उजुरीकर्ता कमरे आलम बतवले बाडन ।






