उपेन्द्र यादव के प्रमुख अतिथि बनईला के बाद मधेस प्रदेश सरकार मे भाँडभैलो
उपेन्द्र यादव के प्रमुख अतिथि बनईला के बाद मधेस प्रदेश सरकार मे भाँडभैलो

जनकपुरधाम ३ माघ
मधेस प्रदेश मे मुख्यमन्त्री सरोज कुमार यादव नेतृत्व के सरकार मे भाँडभैलो मचल बा ।
प्रदेश के नामाकरण आ प्रदेश राजधानी घोषणा भईल सम्झना मे स्वरुप सरकार बुध के दिने ’मधेस स्वाभिमान दिवस’ मनावेके घोषणा कईले रहे । माकिर, दिवस मनावेके विषय मे भी सत्ता साझेदार दल आ प्रदेशसभा मे प्रतिनिधित्व करेवाला दलसब बीच बात ना मिनला पर अलग अलग कार्जक्रम करके स्वाभिमान दिवस मनावल जा रहल बा ।
स्वाभिमान दिवस मनावेके निर्णय सभी दल के भईला पर भी मुख्यमन्त्री यादव जनता समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के सरकारद्वारा आयोजना कईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि बनईला के बाद आउरपार्टीसब आपत्ति जनावत अलगे कार्जक्रम कईले बाडन ।
मुख्यमन्त्री यादव के अध्यक्षता मे प्रमुख अतिति उपेन्द्र यादव के सहभागिता मे, नेपाली कांग्रेस आ जसपा जनकपुर के महेन्द्र नारायण निधि अडिटोरियम मे स्वाभिमान दिवस मनाके राखे खातिर नेकपा माओवादी के संसदीय दल के नेता भरत साह के अध्यक्षता मे प्रदेश सभा के सभाकक्ष मे नेकपा एमाले, जनमत पार्टी, लोसपा पार्टी, नागरीक उन्मुक्ति आ रासपा के सांसदलोग अलगे कार्जक्रम करके दिवस मनवले बाडन ।
‘ई संघीयता कउनो एक आदमी भा पार्टी से लियावल ना, एकरा के लियावे खातिर मधेस के सभी जनता के, सभी दल के आ सभी राजनीतिकर्मी के समान भूमिका बा । अईसन मे कउनो एक दल के मुखिया के प्रमुख बनाके कार्जक्रम कईला पर हमनी के मान्य ना भईल,’ लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के सांसद रानी शर्मा तिवारी कहनी, ’आजु के कार्जक्रम मे कउनो समन्वय हि ना भईल । ई कउनो दल के कार्जक्रम ना होके प्रदेश सरकार के कार्जक्रम रहे । एकरा के दलीय भावना से मनावे लागला के बाद हमनी साइड भईल बानी ।’
एने, मधेस प्रदेश सरकार एक बरीस के समय मे पुरा कईल प्रमुख कामसब बारे मुख्यमन्त्री यादव सार्वजनिकीकरण करेके समय मे भी जनमत पार्टी के कार्यकर्तालोग विरोध प्रर्दशन करके कार्जक्रम मे अवरोध सिर्जना कईले रहलन ।





