नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन के नव निर्वाचित कार्य समिति के सपथ ग्रहण पुरा
नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन के नव निर्वाचित कार्य समिति के सपथ ग्रहण पुरा
प्रभु यादव
बारा ०५ माघ
नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन के वरिष्ठ सदस्य धनश्याम प्रसाद साह कानु लेखापढी करेवाला काम स्वतन्त्र रूप मे हमनी करेनी कानुन से भईल काम करेनी ओह से कही निर्धक्क होकर के करेके बतावले बानी ।
लेखापढी करेवाला लोग से लिखल कपाली कागज स्थानिय सरकार के वार्ड अध्यक्ष लोग प्रमानिकरण करेला जालझेल कर रहल बा जवना के सम्बन्ध मे सर्वोच्च अदालत मे समन्वय करे के साह बतावले बानी । बारा जिल्ला अदालत के बरिष्ठ अधिवक्ता प्रकाशराज सेढाई कानुन व्यवासायी लोग मालपोत आ अदालत मे काम करेवाला ना समाज मे सफल समाजसेवी होकर के काम करेवाला हवे बतावले बानी ।
गाँव गाँव मे नेपाल सरकार से नियम भईल लेखत लेखी के समाज मे विश्वास के काम करेला सेढाई बतवले रहनी । नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन के केन्द्रीय निर्वाचन समिति सदस्य विरेन्द्र प्रसाद यादव जिल्ला कार्य समिति फुट आ गुट मे नाहोकर के सर्वसहमती से बनल कार्य समिति संस्था के नियम नीति के पालना करत कार्यकाल पूरा करी बतावले बानी ।
नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन बारा के जिल्ला समन्वय समिति संयोजक पन्नालाल कुशवाहा नवनिर्वाचित कार्य समिति जिल्ला मे मातरे ना मधेश प्रदेश मे देखावेवाला काम करेके सल्लाह देहले बानी । बारा के पालिका सब से समन्वय करके जनता मुखि कार्य करेला नेपाल लेखापढी कानुन एसोसिएसन के करेला अपनो साथ देवेके कुशवाहा जनकारी करावले रहनी । मालपोत कार्यालय के प्राङ्गणमे सरसफाइ ना देखल गईल बा जवना के ध्यान देवेला कुशवाहा बतावले बानी ।
नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन मधेश प्रदेश कार्य समिति सदस्य जितनारायण पटेल कार्य समिति के सदस्य लोग आपन पदिय दायित्व के जिम्मेवारी पुर्णरूप से निभावेके सुझाव देहले बानी ।
निर्वाचन समिति संयोजक अधिवक्ता शिवनाथ यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जितपुर सिमरा नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन के अध्यक्ष पवन पोखरेल लगायत के लोग आपन आपन विचार राखले रहनी ।
निर्वाचन समिति के संयोजक अधिवक्ता यादव नवनिर्वाचित अध्यक्ष बृजकिशोर यादव उर्फ भगतजी, उपाध्यक्ष शिवपुजन ठाकुर। सचिव दिनेश प्रसाद पटेल, सह–सचिव बिनोद कर्ण, कोषाध्यक्ष प्रमानन्द प्रसाद पटेल, सह–कोषाध्यक्ष दिनेश कुमार मण्डल, सदस्य केशव प्रसाद यादव, सुनिता कोइराला, उपेन्द्र पसवान, नरेन्द्र तिवारी, रामनिवास ठाकुर, राम नरेश साह कानु, आ लक्ष्मन प्रसाद यादव के पद आ गोप्नीयता के सपथ खिया के कार्य भार सुरू करावले बानी । एसोसिएसन के ९ वाँ अधिवेशन से सभे जने सर्बसहमत से चयन भईल रहनी ।