सर्लाही मे कारागार उदघाटन

सर्लाही मे कारागार उदघाटन

सर्लाही ०७ माघ

उपप्रधान तथा गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ सदरमुकाम मलंगवा मे पुनर्निर्माण कईल सर्लाही कारागार भवन के एतवार के दिने उदघाटन कईले बाडन । २०७२ साल से सुरु भईल पुनर्निर्माण ८ बरीस के बाद ओराईल बा ।

मन्त्री श्रेष्ठ ई कारागार मे जिल्ला के कैदीबन्दी के लियाके राखेके बतवनी । उ नजिक कैदीबन्दी भईला पर परिवार के सदस्य भेट करेमे सजिलो होखेके भी बतवनी ।

जीर्ण बनल कारागार पुनर्निर्माण के खातिर सहरी विकास मन्त्रालय २०७३ अगहन ६ गते कार्यादेश देहल गईल रहे । ४ करोड ४५ लाख २७ हजार ६८७ रोपेया ६५ पईसा के लागत मे २ सय १० कैदी क्षमता के कारागार भवन पुनर्निर्माण कईल कारागार प्रशासन जनवले बा । १ सय ६० पुरुष आ ५० जनानी कैदी अटावेवाला कारागार भवन ८ कट्ठा १५ धुर मे फईलल बा ।

उदघाटन समारोह मे संघीय खानेपानी मन्त्री महिन्द्र यादव, राष्ट्रिय सभा सदस्य राधेश्याम पासवान, प्रदेशसभा सदस्यलोग कौशल किशोर राय, बेची लुंगेली, जवाहर कुशवाहा, फकिरा महतो, प्रमुख जिल्ला अधिकारी कोमलप्रसाद धमला लगायत के उपस्थिति रहे । जिल्ला मे कारागार ना भईला से इहाँ के कैदीबन्दी के गौर, जलेश्वर, झुम्का लगायत के कारागार मे लेजात आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।