गढीमाई मन्दिर मे एक लाख ५१ हजार दिप जरावल गईल
गढीमाई मन्दिर मे एक लाख ५१ हजार दिप जरावल गईल

प्रभु यादव
बारा ०८ माघ
बारा के हरेक गाँव मे सोमवार के सझिया मे दियरी बाती जरावल गईल बा । भारत के अयोध्या मे भगवान राम के प्राण प्रतिष्ठा कईल गईल अवसर पर बारा के सभे गाँव मे दिपावली मनावले बा ।
महागढीमाई नगरपालिका के वार्ड नम्बर १ मे रहल गढीमाई के मन्दिर परिसर मे एक लाख ५१ हजार दियरी जरावल गईल मेयर उपेन्द्र प्रसाद यादव जनकारी करावले बानी । सनातन धर्म के अस्था विश्वास रहल जवना से सभे के कल्याण होखेला उहेसे दियरी जलावल गईल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
गढीमाई मन्दिर मे दियरी जलावे पहुँचल नेपाली काँग्रेस बारा के जिल्ला सचिव भैयाराम यादव हिन्दु सनातन धर्म सभे के अस्था विश्वास जुरला से दिया जलावल जारहल बतावले बानी । आज दिया जरावल भिड अउर धर्म प्रति के अस्था विश्वास देख के त्रेता युग के अभास होरहल महागढीमाई ६ पत्रहटी के सुरेश यादव बतावले बानी ।
बारा कलैया उपमहानगरपासलका वार्ड नम्वर १ बजार मे रहल हनुमान मन्दिर से रनथ सहित के शोभा यात्रा निकाल के नगर परिक्रमा कर के धार्मिक कार्जक्रम कईले रहल रहे । कलैया भवानीपुर, ब्रहमपुरी, अवधापुर, दोहरी, सिसवा, बकुलहर, रामपुर, बरियारपुर, सिम्रौनगढ, प्रसौनी, परवानीपुर लगायत के जगह मे जय श्रीराम के नारा लगावत झण्डा बाजागाजा सहित के शोभा यात्रा सहित के रेली निकाल के धार्मिक कार्जक्रम के आयोजना कर के सझिया के समय मे घर घर मे दिया बती जरावले बा ।
कलैया बजार मे रहल ॐरेखा स्टुडियो आ आकाशराज जेनरल स्टोर्स के सञ्चालक नवनित गुप्ता माघ १ गते से हरेक सझिया दिपावली कर के दुकान के आगे आईल सभे लोग के मिठाई देके मुख मिठा करावत आईल बानी । अष्ठ निधि नव सिद्धि के दाता सभे पूरा करलन आत्म विश्वास रहल कहत माघ के ९ गते तक दिपावली करे के गुप्ता जनकारी करावले बानी । कातिक महिना मे मनावल जाले दिपावली ओही मुतावीक सभे लोग घर घर मे दियरी आ मोमबती जरा के पडका समेत पडका के उत्सव मनावले बा ।






