आठ वाँ प्याब्सन अन्तर विद्यालय टि–२० क्रिकेट के उपाधि मनकामना मावि के मिलल
आठ वाँ प्याब्सन अन्तर विद्यालय टि–२० क्रिकेट के उपाधि मनकामना मावि के मिलल

वीरगंज २० माघ
वीरगंज मे भईल आठ वाँ प्याब्सन अन्तर विद्यालय टि–२० क्रिकेट प्रतियोगिता के उपाधि मनकामना मावि जितले बा ।
वीरगंज के आदर्शनगर रंगशाला मे शनिचर के दिने भईल फाईनल खेल मे एमईएस मावि के २४ रन से हरावत मनकामना मावि ई बरीस के उपाधि जितल बा ।
टस जितके पहिलका व्याटिङ कईल एमईएस मावि तोकल ओभर मे पूरा विकेट गुमावत १२९ रन के योगफल तईयार कईले रहे । १३० रन के लक्ष्य सहित जवाफी व्याटिङ कईल मनकामना मावि तोकल ओभर मे १५३ रन बनवलख ।
विजेता टिम के कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के शैक्षिक प्रशासन महाशाखा प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण, प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष पुरन प्रधान आ महानगर अध्यक्ष आलोक चौरसिया मेडल, पुरस्कार आ शिल्ड प्रदान कईले रहलन ।
समापन समारोह के प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के नगर उपप्रमुख इम्तियाज आलम उपस्थित भईला पर भी कार्य व्यस्तता के चलते समापन पहिले हि कार्जक्रम से गईला के बाद शैक्षिक प्रशासन महाशाखा प्रमुख के हाथ से पुरस्कार वितरण कईल रहे । प्रतियोगिता मे एमईएस मावि दुसरका आ साउथ जोन मावि तिसरका स्थान हासिल कईले रहे ।
गौतम मावि के ७ रन से हरावत साउथजोन मावि तिसरका स्थान हात परले बा । बितल बरीस के च्याम्पियन साउथजोन मावि ई बेर तिसरका स्थान मे चित्त बुझावेके परला पर भी जुनियर ओरी के फुटबल प्रतियोगिता मे साउथजोन च्याम्पियन बनल बा । साउथजोन लिटल फ्लावर मावि के २–१ गोल से हरावत ई बरीस के जुनियर नकआउट फुटबल प्रतियोगिता के उपाधि जितल बा ।
प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष पुरन प्रधान आ महानगर अध्यक्ष आलोक चौरसिया के संयुक्त अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के समापन समारोह मे विशिष्ट अतिथि मधेस प्रदेश नीति आयोग के सदस्य डाक्टर हरिशंकर साह, प्याब्सन के केन्द्रिय सदस्य छेडुप लामा, प्रेस सेण्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य निरज पिठाकोटे मगर, कृष्ण उदास खनाल, आदिवासी जनजाति पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अजित कुमार भुजेल, मधेस प्रदेश बरिष्ठ उपाध्यक्ष श्याम केसी, प्याब्सन के बरिष्ठ उपाध्यक्ष सरोज चौधरी, सदस्य डा.दीपेन्द्र चौधरी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
प्रतियोगिता के उत्कृष्ट बलर, उत्कृष्ट ब्याट्सम्यान, म्यान अफ द सिरिज, म्यान अफ द म्याच लगायत के विधा मे पुरस्कार वितरण कईल रहे । समापन समारोह कार्जक्रम के सञ्चालन प्याब्सन पर्सा के प्रवक्ता अशोक संग्रौला कईले रहलन ।






