नेपाली कांग्रेस पर्सा के कार्यसमिति निर्वाचन मे एक हजार ७ सय ७८ भोट गिरल

वीरगंज १९ फागुन
नेपाली कांग्रेस पर्सा के १४ वाँ जिल्ला अधिवेशन अन्तर्गत आजु मतदान पुरा भईल बा ।
नेपाली काङ्ग्रेस पर्सा जिल्ला कार्यसमिति के नेतृत्व के खातिर वीरगंज–१० आदर्शनगरस्थित बाल मन्दिर मे निर्वाचन पुरा भईल बा ।
निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय १० बजे से ५ बजे तक निर्वाचन कार्यतालिका बनईला के बाद आजु निर्वाचन से पहिले दुनु उम्मेदवार बीच आचारसंहिता बनावेमे देरी भईला के बाद दिन के १ बजे से निर्वाचन शुरु भईल रहे । निर्वाचन रात के करिब ८ बजे तक भईल रहे ।
मतदान मे कुल एक हजार ८ सय २० भोट मेसे एक हजार ७ सय ७८ भोट गिरल रहे ।
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. १ मे रहल ३ सय ३६ मतदाता मेसे ३ सय ३२ मत, क्षेत्र नं. २ मे रहल ४ सय ३४ मतदाता मेसे ४ सय २४ मत, क्षेत्र नं. ३ मे रहल ५ सय ३५ मतदाता मेसे ५ सय १६ आ क्षेत्र नं. ४ मे रहल ५ सय १५ मतदाता मेसे ५ सय ६ मत गिरल निर्वाचन अधिकृत नरेन्द्र बहादुर केसी जानकारी देहनी ।
जिल्ला नेतृत्व के खातिर सभापति मे जनार्दन सिंह क्षेत्री आ उनकर प्यानल मे उपसभापति रामनारायण कुर्मी, अशोक गुप्ता, सचिव इम्तियाज आलम, दिनेशकुमार चौधरी, सहसचिव नवीनकुमार सिंह, मदनराउत अहिर आ आउर सदस्य रहलन बाडन । एहितरे दोसर प्रतिस्पर्धी श्याम पटेल सभापति आ उनकर प्यानल मे उपसभापति डा कृपासिन्धु चौधरी, राजुकुमार गुप्ता, सहसचिव विश्वराज घिमिरे, वीरेन्द्र यादव, सहसचिव लुकमान अन्सारी आ दिलीपराज कार्की लगायत रहल बाडन । निर्वाचन समिति से मिलल जानकारी मुताविक रात के ११ बजे से मतगणना सुरु होखेके जनावल गईल बा ।





