बिन्दबासिनी–३ मे काँग्रेस के बतकही तथा भेटघाट कार्जक्रम

बिन्दबासिनी–३ मे काँग्रेस के बतकही तथा भेटघाट कार्जक्रम

वीरगंज २१ माघ

पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ मे एतवार के दिने समुदाय मे कांग्रेस अभियान अन्तर्गत बतकही तथा भेटघाट कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाली कांग्रेस के सहमहामन्त्री महालक्ष्मी उपाध्याय डिना ग्रासरुट मे बसोबास करेवाला आम नागरिक के समस्या के बुझके समाधान करे खातिर कांग्रेस समुदाय मे जाएके अभियान सञ्चालन कईल बतवनी । कांग्रेस केन्द्रिय सदस्य किरण यादव ई अभियान से पार्टी के आसन्न महासमिति बईठक लगायत पार्टी के नीति निर्माण के समय मे नीतिगत मार्गदर्शन के रुप मे लेवे खातिर मद्धत करेके बतवनी ।

कांग्रेस पर्सा के सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री समुदाय मे पुगके जनता के अपेक्षा, सुझाव आ सिकाईत सुने खातिर ‘समुदाय मे कांग्रेस’ अभियान से कांग्रेस के आउर मजबुत बनावेके बतवनी ।

स्थानीय स्तर मे सेवा प्रवाह के अवस्था, विकास निर्माण आ समुदाय मे भईल असल अभ्यास के अवलोकन करेके, जनता से आईल सुझाव के उहें कार्यान्वयन के खातिर पहलकदमी लेवे खातिर ई अभियान बहुते प्रभावकारी होखेके दाबी उ कईनी ।

कांग्रेस के बुथ सभापति तथा वार्ड अध्यक्ष जयप्रकाश चौरसिया के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे कांग्रेस पर्सा के उपसभापति रामनारायण कुर्मी आ अशोक गुप्ता, महाधिवेशन प्रतिनिधि किरण सरकार, नेपाल महिला संघ पर्सा के अध्यक्ष किरण शर्मा, नेपाली कांग्रेस बिन्दवासिनी गाँवपालिका के सभापति बिबेक चौरसिया, वार्ड अध्यक्षलोग मुक्तिनाथ प्रसाद कुर्मी, अनोज चौरसिया, छठुलाल चौरसिया, उपनेश चौरसिया, अजय गुप्ता, सुधान्सु चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।