जिप दुर्घटना मे १० जने घायल
जिप दुर्घटना मे १० जने घायल

सर्लाही, २२ माघ
सर्लाही मे भारतीय नम्बर प्लेट बिआर ०६ पिडी ९६४८ नम्बर के जिप दुर्घटना भईला पर १० जने घायल भईल बाडन । मलङ्गवा नवलपुर सडकखण्ड अन्तर्गत मलङ्गवा नगरपालिका–१० गम्हरिया मे आजु सँझिया उ जिप दुर्घटना भईल बा ।
मलङ्गवा से नवलपुर ओरी आ रहल उ जिप गम्हरिया मे ऊँख लादल ट्याक्टर से ठोकाईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रहरी नायव उपरीक्षक दिपेन्द्र पञ्जियार थारु जानकारी देहनी । दुर्घटना मे नापी कार्यालय मलङ्गवा के प्रमुख सञ्जय मानन्धर, वैधनाथ राउत, अजयकुमार यादव, बैजु यादव, रामलाल साह, सञ्जिवकुमार मण्डल, दिपेन्द्र यादव, विनोद घिमिरे, शाहिद अनवर आ रामबाबु राय घायल भईल बाडन । घायललोग के स्थानीय स्वास्थ्य संस्था मे सामान्य ईलाज के बाद आउर ईलाज के खातिर पर्सा के वीरगंज पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।





