बारा मे गिरी के अध्यक्षता मे नेपाल कुस्ती संघ गठन
बारा मे गिरी के अध्यक्षता मे नेपाल कुस्ती संघ गठन

प्रभु यादव
बारा २३ माघ
बारा के कलैया मे उधोग बाणिज्य संघ के सभा हल मे कार्जक्रम कर के नेपाल कुस्ती संघ बारा गठन भईल बा ।
नेपाल कुस्ती संघ बारा के अध्यक्ष मे राजकुमार गिरी के संयोजकत्व मे सात सदस्यीय समिति गठन भईल बा । सघं के सचिव मे दिपक कुमार यादव, कोषाध्यक्ष मे बुनिलाल राउत अहिर, सदस्य मे ब्रहमदेव कुशवाहा, बादल यादव, रोशन रौनियार आ रंजिता लामा सहित सात सदस्यीय गठन भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी राष्ट्रिय कुस्ति प्रशिक्षक ब्रहमदेव प्रसाद यादव २०४४ साल मे खेलाडी से सुरु भईल २०४६ साल मे नेशनल २०५१ साल मे सार्क इस्लामाबाद, १३ वाँ एसियन गेम थाइल्यान्ड मे १४ वाँ एशियाली खेल चिन के गोवान्जो विश्वकप दिल्ली मे भईल कुस्ति के प्रतिनिधित्व अपने कईल बतावले रहनी । २०५१ साल मे कोच होकर के काम करहल नेपाल कुस्ती संघ मे रहल यादव बतवले बानी । प्रदेश सरकार आ स्थानीय सरकार से कवनो सुबिधा ना भईल यादव बातावले बानी । बारा मे एगो कब्डहल होईत तब अन्तर्राष्ट्रिय एक्डेमी चलावे सकल जा सकल जाता यादव बतावले बानी ।
बारा जिल्ला मे निमन कुस्ती के विकास कईसे होई जेकरा खातिर अपन प्रयास भईल नेपाल कुस्ती संघ के केन्द्रीय उपाध्यक्ष मुकेश साह बतावले बानी । विश्व के कुस्ती खेल के मापदण्ड के अनुसार नेपाल मे इनटनेशनल खेलाडी बनावेके खातिर काम अगाडि बढावे के उपाध्यक्ष साह बतावले बानी ।
उपाध्यक्ष साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे बारा जिल्ला खेलकुद बिकास समिती के प्रतिनिधि क्यामोदिन मंसुर, बारा जिल्ला फुटबल संघ के कोषाध्यक्ष बिनोद गुप्ता, राष्ट्रिय कबड्डि निर्णायक संदिप कुमार गुप्ता, नेपाल सुटिङ संघ बारा के कोषाध्यक्ष बिनोद तुलाधर, शुभनारायण पटेल, सदाम हुसेन, धिरज पटेल, सोनु पटेल, सुशील माली, आदित्य राज यादव, दर्शन कुमार साह लगायत के उपस्थिति मे भईल कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य संदिप यादव के रहल रहे ।






