पत्रकार आचारसंहिता उलंघन कईला मे पत्रकार शाही से काउन्सिल कईल पुछपाछ

काठमाण्डु २० कार्तिक
पत्रकार आचारसंहिता विपरित प्रस्तुत भईल कहत प्रेस काउन्सिल नेपाल एक टेलिभिजन पत्रकार से सोमार के दिने कार्यालय मे बोला के पुछपाछ कईले बा ।
एक सरकारी कार्यालय मे रिपोर्टिङ्ग करेके समय मे स्पेस फोके टिभि के पत्रकार कपिल शाही कर्मचारी के डेरवावेके आ अशिष्ट व्यवहार कईला से उ भिडियो सामाजिक सञ्जाल मे भाइरल भईल रहे । रेल विभाग के कर्मचारी उपर जबर्जस्ती कईल उ भिडियो से पत्रकारिता के बेइज्जत भईल कहत कारवाही होखेके आवाज भी उठल रहे ।
उ विवादास्पद भिडियो सार्वजनिक भईला के बाद शाही के काउन्सिल कार्यालय मे बोलाके पुछपाछ कईले रहे ।
उनकर सवाल पुछेके शैली, प्रस्तुति, भाषा के सम्बन्ध मे काउन्सिल पदाधिकारी सम्झवले रहलन ।
काउन्सिल अध्यक्ष बालकृष्ण बस्नेत हाथ मे बुम आ क्यामेरा लेहला मे पत्रकार के सभी चिज के छुट् ना होखेके कहत मर्यादित आ जिम्मेवार होखे खातिर सभी के निहोरा करत आईल बानी । काउन्सिल पिछिलका समय अनलाईन मार्फत चलेवाला टिभि आ युट्युव च्यानल के विशेष निगरानी करत आईल बा ।
काउन्सिल समक्ष पत्रकार शाही हमरा से गलती भईल, आइन्दा अईसन गल्ती ना करेके कहत माफी मागल काउन्सिल स्रोत जनवले बा । उ छलफल मे शाही के काउन्सिल अध्यक्ष बालकृष्ण बस्नेत, पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय अध्यक्ष विपुल पोखरेल, काउन्सिल सदस्य ठाकुर बेल्वासे, आचारसंहिता महाशाखा प्रमुख रामशरण बोहोरा सहित अनेकन सवाल पुछत सचेत करवले रहलन ।
प्रेस काउन्सिल एकरा से पहिले भी आचारसंहिता उल्लंघन कईल कहत पत्रकार ऋषि धमला, माधव तिवारी सहित के अनुशासन सन्दर्भ मे अनेकन कारवाही कर चुकल बा ।
कैयन पत्रकार के काउन्सिल कार्यालय मे बोलाके आचारसंहिता किलास मे सहभागी करावत आईल बा । जथाभावी लिखेके, बार्गेनिंग करेवाला युट्युव सहित के काउन्सिल पुलीस से समन्वय करके अनेकन कारवाही करत आईल जनावल गईल बा ।






