वीरगंज नाका से धान, चाउर आ गहुँ के आयात बढल
वीरगंज नाका से धान, चाउर आ गहुँ के आयात बढल

वीरगंज २४ माघ
वीरगंज नाका होत भारत से धान, गहुँ आ चाउर के आयात बढल बा । एकीकृत सुरक्षा जाँच चौकी सञ्चालक कम्पनी हिमालय ट्रान्स लजि पार्क के तथ्यांक मुताविक पुस एने सोमार तक मे ई नाका होत १ हजार ८५ ट्रक धान, ९९ ट्रक गहुँ आ १२ ट्रक चाउर भारत से आयात भईल बा ।
‘एगो ट्रक २५ से ३५ हजार किलो तक धान आ ४० हजार किलो तक चाउर लादेलन,’ स्रोत कहलख, ‘पुस एने धान, चाउर आ गहुँ के आयात अचानक बढल बा ।’
भारत धान चाउर निकासी के खातिर हरेक बरीस वीरगंज, भैरहवा आ काँकडभिट्टा करके नेपाल के ३ गो नाका के मात्र स्वीकृति देत आईल बा । भारत के बिहार, उत्तर प्रदेश आ पश्चिम बंगाल से धान चाउर बेसी आ रहल बा ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के निबर्तमान अध्यक्ष एवम् नेपाल चामल दाल तेल उद्योग संघ के निवर्तमान केन्द्रीय अध्यक्ष सुबोध कुमार गुप्ता भारत नेपाल के खातिर ई बरीस भी गैरबास्मती चाउर के निर्यात मे मात्र स्वीकृति देहल बतवनी । भारत ई बरीस नेपाल के खातिर धान निर्यात के कोटा भी ना तोकल उ बतवनी ।
‘सामान्यतया भारत नेपाल के खातिर हरेक बरीस ५ लाख से ६ लाख मेट्रिक टन धान निर्यात के कोटा छुट्यावेला,’ कहत उ, ‘माकिर ई बरीस के कोटा ना छुटयईलख । बरु २० प्रतिशत निर्यात शुल्क लगाके नेपाल के खातिर धान निर्यात खुल्ला कईलख ।’ अईसे भईला पर नेपाल मे स्वाभाविक रुप मे चाउर महँगा होखेके उ बतवनी । संघ नेपाल सरकार सँगे भारत से आयात होखेवाला धान, चाउर आ चिनी के कोटा निर्धारण के खातिर समन्वय करे खातिर बेर बेर निहोरा कईला पर भी सरकार ओईसे करे ना सकल गुप्ता सिकाईत कईनी ।
वीरगंज नाका होत भारत से धान आ चाउर के आयात कईला पर बितल आव मे २१ अरब रोपेया बाहर गईल रहे । वीरगंज भन्सार कार्यालय के तथ्यांक मुताविक, बितल आव मे ई नाका होत १३ अरब ५७ करोड रोपेया बराबर के ३६ करोड ९९लाख किलो धान भारत से आयात भईल रहे । पिछिलका आव के बराबरी मे बितल आव मे धान के आयात ७४ दशमलव ०३ प्रतिशत से बढल रहे । पिछिलका आव मे ई नाका होत ६ अरब ५० करोड रोपेया बराबर के २१ करोड २५ लाख किलो धान भारत से आयात भईल रहे ।
एहितरे, बितल आव मे २ अरब ७९ करोड रोपेया बराबर के ३ करोड ४८ लाख किलो चाउर भारत से आयात भईल रहे । चाउर के आयात पिछिलका आव के बराबरी मे २४ दशमलव ४४ प्रतिशत से घटल रहे । पिछिलका आव मे ३ अरब ८२ लाख रोपेया बराबर के चाउर भारत से आयात भईल रहे । धान, चाउर के आयात मे नेपाल ओरी आयातकर्ता के ५ प्रतिशत कृषि सुधार शुल्क मात्र लागेला । उल्था ईकान्तिपुर





