स्वास्थ्य उत्थानशिलता सम्बन्धि अभिमुखीकारण कार्जक्रम पुरा

स्वास्थ्य उत्थानशिलता सम्बन्धि अभिमुखीकारण कार्जक्रम पुरा

मेवालाल यादव

रौतहट १ फागुन

भि.एस.ओ. के आर्थिक सहजोग आ आसमान नेपालद्वारा संचालित (GEMS) पालिका शिक्षा के दिगोपन आ मुल प्रवाहिकरण के खातिर शक्तिकारण परियोजना अन्तर्गत आजु स्वास्थ्य उत्थानशिलता सम्बन्धि अभिमुखीकारण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

प्रादेशिक अस्पताल गौर मे भईल कार्जक्रम मे आकस्मिक अवस्था मे आधारभुत स्वास्थ्य सेवा सुनिश्चित करे खातिर पुर्वतईयारी, प्रतिकार्य के क्रियाकलापसब के व्यवस्थित आ प्रभावकारी बनावे खातिर जरुरी रहल मुख्य प्रशिक्षक तथा सहजकार्ता बालकृष्ण सेढाई बतवले बानी ।

साथे दिशानिर्देश करेके उदेश्य से अस्पताल के उत्थानशिल योजना बन रहल बा । अभी बन रहल उत्थानशिल योजना के प्रभावकारी कार्यान्वयन मे साझा बुझाइ बनावेके आ बिधमान क्षमता तथा प्रणाली मुताविक के सुदृढीकरण करेके उद्देश्य से स्वास्थ्य उत्थानशिलता सम्बन्धि अभिमुखीकारण कईल बतावल गईल बा । आकस्मिक स्वास्थय सेवा के प्रभावकारी बनावे खातिर जरुरी कानुन, नीति नियम, मापदण्ड, प्रोटोकल तथा मार्गदर्शन निर्माण के काम मे सहजिकरण करेके, प्रेषण प्रणाली सम्बन्धि राष्ट्रिय नीति नियम, मापदण्ड, प्रोटोकल तथा मार्गदर्शन निर्माण के काम मे सहजिकरण करेके उब तवनी ।

क, ख आ ग बर्ग के एम्बुलेन्स प्रादेशिक अस्पताल गौर मे उपलब्ध ना रहल बतवनी । असमान नेपाल के रौतहट जिल्ला संयोजक सन्जय कुमार यादव के अध्यक्षयता मे भईल कार्जक्रम मे गोबिन्द रिमाल, विश्वमणि खनाल सहजीकरण कईले रहनी । उ अवसर मे असमान नेपाल के प्रबन्धक डा. बिरेन्द्र सिंह, मन्जु रजक, भि.एस.ओ.के आरती पटेल, प्रादेशिक अस्पताल के स्वास्थकर्मी, ब्यवस्थापन समिति, एम्बुलेन्सकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।