पर्सागढी–३ मे बनल राधाकृष्ण मन्दिर के सांसद चौरसिया कईलें उदघाटन

वीरगंज २० भादो

पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ३ रामटोल स्थित नव निर्मित राधाकृष्ण मन्दिर के पर्सा क्षेत्र नं २ के सांसद अजय चौरसिया उदघाटन कईले बानी ।

पर्सा क्षेत्र नं २ (१) के प्रदेश सभा सदस्य श्याम पटेल के संसदीय बिकास कोष से १५ लाख आ आउर चन्दादातालोग के सहजोग मे बनल मन्दिर के बुध के दिने कृष्ण अष्ट्मी के उपलक्ष्य मे प्राण प्रातिषठा कईल श्री राधाकृष्ण मन्दिर ब्यवस्थापन समिती के अध्यक्ष शम्भु कुवर बतवनी ।

मन्दिर के उदघाट्न करत प्रमुख अतिथी सांसद चौरसिया भगवान कृष्ण के जन्म भईल दिन के अवसर मे मन्दिर के उदघाट्न करेके हमरा शौभाग्य मिलला मे खुशी भईनी ।

उ अवसर मे बिशिष्ट अथिति प्रदेश साँसद श्याम पटेल, नगर प्रमुख गोकर्ण पाठक, बहुदरमाई नगरपालिका के पुर्व नगर प्रमुख नितेन्द्र साह, पर्सागढी नगरपालिका के पुर्व नगर प्रमुख लोकनरायण यादव, ने.का. पर्सा सह–सचिव मदन यादव, क्षेत्रीय नं.२ के सभापति मो.साहबुद्दिन, बैकुण्ठ श्रीवास्तव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।