रौतहट मे स्थानीय प्रशासन कर्फ्यू के क्षेत्र बढवलख

रौतहट ०६ फागुन,
रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका–७ घिउराटोल मे सरस्वती के मूर्ति डुबावेके विषय मे दु पक्षबीच झडप के घटना के बाद अवस्था समान्य ना भईला से स्थानीय प्रशासन एतवार के दिने कर्फ्यू के क्षेत्र बढवले बा । स्थानीय प्रशासन झडप करेवाला पक्ष के राखके साम्य बनावेके प्रयास कर रहल बा । उ क्षेत्र मे ७ सय सुरक्षाकर्मी परिचालित बाडन ।
झडप के बाद अवस्था भडके सकेके कहत स्थानीय प्रशासन शनिचर के दिने अनिश्चितकाल के खातिर कर्फ्यू आदेश जारी कईले रहे ।
झडप के बाद अवस्था समान्य होखे ना सकला से कर्फ्यू के दायरा बढावल गईल जिल्ला प्रहरी प्रवक्त डिएसपी एलिजा गिरी जानकारी देहनी ।
डिएसपी गिरी के मुताविक इशनाथ नगरपालिका के वार्ड नम्वर ६ आ ७ मे कर्फ्यू क्षेत्र तोकल गईला मे एतवार से दोसर सूचना जारी ना होखे तक वार्ड नम्वर २, ३, ४ आ ५ स्थित पूर्व ओरी बन्जारा मोड (हनुमान मन्दिर) पश्चिम मे सानो घिउरा गाँव, उत्तर मे रामपुर खाप एपिएफ बिओपी से जमिल अख्तर के बोरिङ तक आ दक्षिण मे एपीएफ बिओपी औरैया से जयनगर तक अनिश्चितकाल तक के कर्फ्यू आदेश जारी भईल बा । एतवार के दिने भी अनेकन समय झडप भईल बा ।
घिउरा गाँव के स्थानीय सरस्वती के पूजा करके शुक के दिने लगेके पोखरी मे मूर्ति डुबावे लेजाए लागल समय दोसर पक्ष डिजे बाजा बजावल कहत अवरोध सिर्जना कईला के बाद झडप सुरु भईल बा । झडप के चलते अभी तक सरस्वती के मूर्ति डुबावल गईल नईखे । अभी उ क्षेत्र मे कर्फ्यू लगावल गईल बा । घटनास्थल मे नेपाल प्रहरी के मधेश प्रदेश प्रमुख डिआईजी यज्ञविनोद पोख्रेल आ सशस्त्र प्रहरी के मधेश प्रदेश प्रमुख डिआईजी दिपेन्द्र शाह दुनु पक्ष के आदमी के छलफल मे बोलाके साम्य करेके प्रयास कर रहल बाडन । शनिचर के दिने सँझिया छलफल मे दुनु पक्षबीच सहमति बनला पर भी कुछ लोग ईटापथल चलावे लागला के बाद स्थिति बिगडल रहे ।






