बारा मे बाघ के आक्रमण से दु जने घायल
बारा मे बाघ के आक्रमण से दु जने घायल

बारा ०९ फागुन
बारा के पथलैया–निजगढ सडकखण्डअन्तर्गत पिलुवा लगेके जंगल मे बुध के दिने बाघ के आक्रमण मे पर के मोटरसाइकल यात्रु घायल भईल बाडन । पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के जंगल से निकलल बाघ चल रहल मोटरसाइकल मे आक्रमण कईला पर दु यात्रु घायल भईल बाडन ।
घायल होखेवाला मे रौतहट बौधीमाई नगरपालिका ३ के राजु साह बानियाँ आ कृष्ण साह बानियाँ रहलन बाडन । उलोग के निजगढस्थित सामुदायिक अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । दुनु जने के अवस्था सामान्य बा ।
भरतपुर से ना३६प ५०११ नम्बर के मोटरसाइकल से रौतहट फिर्ता आवेके समय मे उलोग के जीतपुरसिमरा–१६ स्थित पिलुवा नजिक के जंगल मे बाघ आक्रमण कईले बा । घटना के बाद ईलाज के खातिर अस्पताल पुगल राजु जंगल से निकलल बाघ हमनीसब उपर आक्रमण कईल बतवनी । मोटरसाइकल पछाडि बईठल राजु बाघ हाथ मे काटके ताने लागला के बाद मात्र हमरा जानकारी मिलल बतवनी ।
बाघ हाथ मे काटके ताने लागला के बाद मोटरसाइकल अनियन्त्रित होके गिरल रहे । मोटरसाइकल गिरला पर चालक कृष्ण घायल भईल बाडन । मोटरसाइकल गिरते मातर बाघ कुछ दुर भागल आ पछाडि से आ रहलयात्रुबाहक बस के यात्रु होहल्ला करत उलोग के उद्धार कईले रहलन । राजु के देह के अनेकन जगहा मे चोट लागला पर भी स्थिति खतरामुक्त रहल अस्पताल के चिकित्सक बतवले बाडन ।
पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के क्षेत्र विस्तार भईला सँगे पथलैया–निजगढ सडकखण्ड मे बाघ आ हाथी के चहलपहल बढल अवस्था मे बा । उ सडकखण्ड के उत्तर ओरी निकुञ्ज आ दक्षिण ओरी राष्ट्रिय वन क्षेत्र परेला । बारा पुलीस उ क्षेत्र मे यात्रा कईला पर सुरक्षा सतर्कता अपनावे खातिर भी निहोरा कईले बा ।






