मुआब्जा के रोपेया मागत तामागढी–सिम्रौनगढ सडक अवरुद्ध

मुआब्जा के रोपेया मागत तामागढी–सिम्रौनगढ सडक अवरुद्ध

बारा १० फागुन

योजना पुरा भईल चार बरीस बिते लागला पर भी मुआब्जा वापत के रकम ना मिलला के बाद तामागढी–सिम्रौनगढ हुलाकी सडक योजना प्रभावित आन्दोलनरत बाडन । सरकार से तोकल मुआब्जा वापत के रोपेया बेर–बेर माग कईला पर भी ना मिलला के बाद उलोग दवावमूलक आन्दोलन करत आईल बाडन ।

सरकार के ध्यानाकर्षण करावत चरणबद्धरुप मे संघर्ष करत आईल तामागढी–सिम्रौनगढ संघर्ष समिति बियफे के दिने तामागढी मे सडक अवरुद्ध कईले बाडन । पूर्वपश्चिम राजमार्ग अन्तर्गत तामागढी से हुलाकी सडक प्रवेश करेवाला जगहा मे मुआब्जा ना मिलल स्थानीय यातायात मे अवरोध पुगवले बाडन ।

सयों के संख्या मे रहल स्थानीय हुलाकी सडक होत मुख्य राजमार्ग मे प्रवेश करे सकेके देखला के बाद तामागढी क्षेत्र मे बहुते संख्या मे पुलीस परिचालन कईल बा । नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस आन्दोलित स्थानीय के पूर्वपश्चिम राजमार्ग प्रवेश करेमे रोक लगारहल बाडन ।

तमागढी–सिम्रौनगढ सडक निर्माण करेके समय मे सरकार कोल्हबी नगरपालिका, सिम्रौनगढ नगरपालिका, बारागढी गाँवपालिका आ आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के स्थानीय के करिब ७० बिगहा जमिन अधिग्रहण कईले रहे । स्थानीय के जमिन अधिग्रहण करके सडक निर्माण कईला मे सरकार करिब तीन अरब मुआब्जा रकम देवेके पडि । माकिर योजना पुरा भईल चार बरीस पुगे लागला पर भी सडक के खातिर जमिन छोडल स्थानीय मुआब्जा वापत के रकम मिले सकल नईखे ।

हुलाकी मार्ग आयोजना अन्तर्गत निर्माण भईल उ सडक करिब ४० किलोमिटर लम्बाइ आ सात मिटर चौडाइ के बा । उ योजना निर्माण करे खातिर सडक के दायाँबायाँ दुनु ओरी से १५–१५ मिटर अधिग्रहण कईल रहे । अधिग्रहण करेके समय मे नम्बरी जमिन मे बसोबास करत आईल स्थानीय के प्रति कठ्ठा २० लाख के दर से मुआब्जा देवेके निर्णय सरकार कईले रहे ।

स्थानीय के मुआब्जा ना मिलला के बाद बारा क्षेत्र नम्बर १ के सांसद अच्युत मैनाली संसद मे बेर बेर उ विषय मे आवाज उठावत आईल बाडन । मैनाली प्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड से संसद मे प्रत्यक्ष प्रश्नोत्तर कार्जक्रम मे भी तामागढी–सिम्रौनगढ हुलाकी सडक के मुआब्जा के विषय मे ध्यानाकर्षण करवले रहलन ।

सरकार चालु आर्थिक बरीस मे मुआब्जा वितरण के काम सुरु करेवाला किसिम से १० करोड ३० लाख बजेट विनियोजन कईले बा । माकिर मुआब्जा वितरण के काम सुरु होखे सकल नईखे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।