पर्सा मे नलकटुवा पेस्तोल सहित दु जने पकडईलें
पर्सा मे नलकटुवा पेस्तोल सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज १० फागुन
पर्सा पुलीस हथियार सहित २ जने के पकडले बा । पर्सा के बहुदमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ स्थित सडकखण्ड से पुलीस १ थान नलकटुवा पेस्तोल सहित दु जने के पकडले बा । विशेष सूचना के आधार मे चेकजाँच करेके समय मे पुलीस ना. १२ प ४९७१ नम्बर के मोटरसाइकल से नलकटुवा पेस्तोल बरामद कईले बा ।
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ रहेवाला ४३ बरीस के दिपेन्द्र गिरी के चेकजाँच कईला पर करिया रङ्क के ज्याकेट के वायाँ ओरी के जेभी मे चोरालुका के राखल अवस्था मे पेस्तोल मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक ध्रुब कुमार श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
प्रहरी नायब उपरीक्षक श्रेष्ठ मोटरसाइकल के पछाडी सवार रहल पर्सा के पोखरिया नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ रहेवाला ३७ बरीस के शिवपुजन मुखिया के भी नियन्त्रण मे लेहल गईल बतवनी । दुनु जने विरुद्ध हाथहथियार सम्बन्धी कसूर मे जरुरी अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।






