वीरगंज महानगर मे दादुरा–रुबेला खोप अभियान फागुन १३ गते से सुरु होखी
वीरगंज महानगर मे दादुरा–रुबेला खोप अभियान फागुन १३ गते से सुरु होखी

वीरगंज ११ फागुन
वीरगंज महानगरपालिका मे दादुरा–रुबेला खोप अभियान फागुन १३ गते से सुरु होखेके जनावल गईल बा । शुक के दिने वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य महाशाखा से आयोजना कईल अभिमुखीकरण कार्जक्रम मे अईसन जानकारी करावल गईल बा ।
महानगर के सभाकक्ष मे महानगर के ३२ गो वार्ड के वार्ड अध्यक्षलोग सँगे के अभिमुखीकरण कार्जक्रम मे महानगर के स्वास्थ्य महाशाखा के प्रमुख अनिल यादव वीरगंज महानगर मे दादुरा–रुबेला खोप अभियान सुरु करे लागल जानकारी करवनी ।
यादव के मुताविक महानगर मे फागुन १३ गते से सुरु होखेवाला उ अभियान अन्तर्गत पहिलका दिन वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ विर्तास्थित त्रिजुद्ध मावि के परिसर मे ९ महिना से १५ बरीस निचेके लईकालईकी के खोप लगाके अभियान के शुभारम्भ कईल जाई । ओकरा बाद दुसरका चरण मे फागुन २७ से चईत ५ गते तक महानगर के बाँकी ३१ गो वार्ड मे दादुरा–रुबेला खोप अभियान सञ्चालन करेके यादव जानकारी करवनी ।
ई अभियान मे महानगर के ७४ हजार चार सय जने लईकालईकी के दादुरा–रुबेला खोप लगावेके लक्ष्य रहल महाशाखा के सह–संयोजक अनिशकान्त कुशवाहा जानकारी करवनी । उनका मुताविक दादुरा–रुबेला खोप अभियान अन्तर्गत महानगर के स्वास्थ्य संस्था, शिक्षण संस्था लगायत के जगहा मे करके दु सय ९८ खोप केन्द्र स्थापना कईल जाई । एगो खोप केन्द्र मे न्यूनतम् दु सय ५० जने लईकालईकी के खोप लगावेके लक्ष्य रहल जानकारी भी उ करवनी ।
शुक के दिने वार्ड अध्यक्षलोग सँगे के अभिमूखीकरण कार्जक्रम मे कुशवाहा ई अभियान के सफल बनावे खातिर वार्ड अध्यक्षलोग के भूमिका महत्वपूर्ण होखेके कहत सहजोग के खातिर निहोरा कईनी ।
ठाकुर के मुताविक, दु चरण के अभियान मे पर्सा जिल्लाभर मे दु लाख एक हजार लईकालईकी के दादुरा–रुबेला खोप लगावेके लक्ष्य रहल बा ।






