कलैया उपमहानगरपालिका बोर्ड से अन्सारी आ यादव सम्मानित
कलैया उपमहानगरपालिका बोर्ड से अन्सारी आ यादव सम्मानित

प्रभु यादव
बारा १४ फागुन
कलैया उपमहानगरपालिका बोर्ड दु जने कर्मचारी लोग के सम्मानित कईले बा । स्थानीय शासन विज्ञ नजबुल्लाह अंसारी आ सूचना प्रविधि अधिकृत सुरेश कुमार यादव के नगर कार्यपालिका के बईठक से सम्मानित कईल गईल कलैया उपमहानगर पालिका जनकारी करावले बा ।
नेपाल के सात सय ५३ गो स्थानीय तह सब के संस्थागत स्वमूल्याङ्कन, वित्तीय जोखिम मुल्याङ्क तथा कार्य सम्पादन के स्तर मापन करेला बहुते कार्यविधि तथा मापदण्ड बनाके स्थानीय तह सब के अगिला आर्थिक बरिस मे भईल कार्जक्रम के आधार मे तोकल सूचक अनुसार अंक भार निर्धारण करके सार्वजनिक कईल गईल मे कलैया उपमहानगरपालिका से स्थानीय तह संस्थागत क्षमता स्वमूल्याङ्कन (LISA), स्थानीय तह वित्तीय सुशासन जोखिम मूल्याङ्कन (FRA) आ राष्ट्रिय प्रकृतिक श्रोत तथा वित्त आयोग के कार्यसम्पादन मूल्याङ्कन मे उत्तम नतिजा हासिल कईला पर उत्कृष्ट भईल ।
कलैया उपमहानगरपालिका के उत्कृष्ट भईल जवना मे सभे शाखा÷महाशाखा के कर्मचारी लोग के साथ आ सहयोग से दु जने अधिक संलग्न भईल जवना से समानित कईल गईल कर्मचारी प्रशासन जनकारी करावले बा । कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह आपने काम नाकरेवाला के खातिर जेतना कठोर बानी ओतनही काम करेवाला ईमान्दार कर्मचारी के खातिर नरम आ स्नेह करेनी बतातावले बानी । आपन काम मे जिम्मेवारी पुर्वक लाग के समग्र पालिका के इज्जत आपन नाम होखे काम करेमे अन्सारी आ यादव के सम्मान कईल मेयर साह जनकारी करावले बानी ।






