पर्सा के जगरनाथपुर से ३५ किलो चरेस बरामद

वीरगंज २१ सावन,

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका से सशस्त्र पुलीस बुध के दिने ३५ किलो लागूऔषध चरेस बरामद कईले बा ।

जगरनाथपुर गाँवपालिका–६ झाखरा मसियानी टोल से सशस्त्र पुलीस के टोली ७० गो प्याकेट मे रहल ३५ किलो चरेस बरामद कईले बा ।

माकिर चरेश केकर ह आ कहाँ लेजात रहलन कहके खुले ना सकल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

गण्डक नहर के रास्ता होके जानकीटोला होत चरेस भारत लेजाए लागल गोप्य सूचना के आधार मे उ परिमाण के चरेस बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी बेसक्याम्प पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक हरित बढुवाल जानकारी देहनी ।

सशस्त्र पुलीस के गस्ती टोली के देखते मातर तस्कर समूह चरेस के पोका छोडके भागल उ बतवनी ।

३५ किलो चरेश सशस्त्र पुलीस जरुरी कारबाही के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे बुझावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।