प्रधानमन्त्री ओली कईनी आत्मालोचना बामदेव के प्रतिनिधिसभा मे लेजाए के निर्णय

काठमाण्डु २० वैशाख,

सत्तारुढ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के सचिवालय बईठक मे प्रधानमन्त्री एवं पार्टी अध्यक्ष केपी शर्मा ओली आत्मालोचना कईले बानी । साथे उपाध्यक्ष बामदेव गौतम के उपयुक्त समय मे प्रतिनिधिसभा सदस्य बनावे के निर्णय भईल बा ।

बामेदव गौतम के कोरोना महामारी ओरईला के बाद प्रधानमन्त्री आ वरिष्ठ नेता माधवकुमार नेपाल के तिसरका अध्यक्ष बनावे के प्रस्ताव राखला के बाद नेकपा सचिवालय के पहिलका बईठक बईठल रहे ।

आपन सरकारी निवास बालुवाटार मे बईठल बईठक मे प्रधानमन्त्री ओली सरकार आ पार्टी सञ्चालन मे भईल कमी कमजोरी उपर आत्मालोचना कईले बाडन ।

“पार्टी के एकतावद्ध राखेके, पार्टी के विधि पद्धति आ कम्युनिस्ट मूल्य मान्यता मुताविक सञ्चालन करेके, पार्टी के मार्गनिर्देशन मे सरकार सञ्चालन करेके आ सरकार देश आ जनता के पक्ष मे समाजवाद उन्मुख सामाजिक आर्थिक रुपान्तरण के लक्ष्य हासिल करेवाला किसिम से काम करेके रास्ता मे दृढतापूर्वक अगाडि बढेके निर्णय लेहले बानी” कहत प्रवक्ता नारायणकाजी श्रेष्ठ प्रकाश, “पार्टी, सरकार भा सम्बन्धित क्षेत्रसब मे जउन कमीकमजोरी भईल बा, ओमे प्रधानमन्त्री एवं पार्टी अध्यक्ष केपी शर्मा ओली भी आत्मालोचना कईले बानी ।”

दोसर अध्यक्ष पुष्पकमदल दाहाल प्रचण्ड आ आउर नेतालोग भी आत्मालोचित होके अगाडि बढेके नेकपा के निर्णय बा ।

बामदेव के संसद मे लियावे के निर्णय
नेकपा सचिवालय के बईठक से उपाध्यक्ष बामदेव गौतम के प्रतिनिधिसभा सदस्य बनावे के निर्णय भी कईले बा ।

उपयुक्त समय मे प्रतिनिधिसभा सदस्य बनावे के कहल गईल बा । पार्टी नेता से जितल कउनो एगो सिट खाली करा के उपचुनाव करावे के नेकपा के तइयारी बा ।

बईठकके बाद प्रवक्ता श्रेष्ठ कहनी कि, “प्रतिनिधिसभा के उम्मेदवार बनाके उनका के प्रतिनिधिसभा मे लियावे के पहल करेके निर्णय भितर स्वभाविक रुप मे उ अन्तरनिहीत बा ।

उ प्रतिनिधिसभा के सदस्य होके अईला के बाद प्रधानमन्त्री बनेके सम्भावना के दुवारी खुली ।”

बईठक से पार्टी के फुट उन्मुख करावे के कउनो भी क्रियाकलाप मे सहभागी ना होखे खातिर नेता कार्यकर्ता के निर्देशन भी देहले बा आ २५ गते स्थायी कमिटी के बईठक बोलवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।