सुवर्ण गापा पुलीस के आगलगी से बचावेवाला समान देहलख

सुवर्ण गापा पुलीस के आगलगी से बचावेवाला समान देहलख

प्रभु यादव

बारा १७ फागुन

सुवर्ण गाँवपालिका कार्यालय नेपाल प्रहरी आ शस्त्र प्रहरी के आगलगी से बचावे मे काम लागेवाला समान देहले बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष राजेश प्रसाद यादव ईलाका प्रहरी कार्यालय कवही गोठ के ईन्चार्ज श्यामबाबु यादव, सनफुलवा बिओपी के शस्त्र सई तोत्र बहादुर खडका के फायर स्टीड्ग गुसर, पिक सावेल, बेलचा, बाल्टीन, हस्तान्तरण कईले बानी ।

गाँव घर मे खर बाँस लगायत के घर सब भईला से आगलागी के अधिक घटना घटत आईल जवना से जनधन के समेत क्षति होखल आईत जवना से बचावेला प्रहरी लोग के अधिक भुमिका रहेला अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी । आगलगी भईला पर अगाडि होकर के सहजोग करत उदार मे हटेवाला प्रहरी लोग के पूर्व तईयारी होकर के रहेला समाग्री देहल गईल गापा अध्यक्ष यादव बतावले बानी ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय कवही गोठ के ईन्चार्ज श्यामबाबु यादव अपना लगायत तीन गो प्रहरी चौकी खातिर गाँव पालिका से आगी से जनधन के बचावेला समाग्री सब लागेवाला सहजोग कर के पूर्व तईयारी के जिम्मेवारी मिलल जनकारी करावले बानी । समाग्री हस्तारण कार्जक्रम मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत भोज बहादुर ऐडी, जिन्सी शाखा के कर्मचारी, आगलगी मे उदार करेवाला काम मे खटेवाला प्रहरी जवान लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।