५ राउण्ड गोली सहित अटोमेटिक पेस्तोल पकडाईल

५ राउण्ड गोली सहित अटोमेटिक पेस्तोल पकडाईल

मलंगवा १८ फागुन

सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल शुक के सँझिया गोली लोड कईल पेस्तोल बरामद कईले बा । सशस्त्र जिल्ला के सीमावर्ती क्षेत्रस्थित ब्रह्मपुरी गाँवपालिका–५, इनरुवा सीमा इलाका से मेड इन यूएसए लिखल १ एक थान पेस्तोल आ म्यागजिनमा लोड कईल ५ राउण्ड गोली बरामद कईले बा ।

शुक के सँझिया ८ बजे बोर्डर आउट पोष्ट (बीओपी) सखुअवा से खटल गस्ती टोली चेक प्वाइन्ट राखके चेकजाँच करेके समय मे हथियार बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल नं. १० गण हेडक्वार्टर अगर्वा जनवले बा ।

भारत से नेपाल ओरी आ रहल भारतीय बीआर ३० एक्स ७७१३ नम्वर के मोटरसाइकल मे सवार दु अपरिचित आदमी चेकिङ मे रहल सशस्त्र पुलीस के देखते मातर भागेके खोजला पर उलोग के साथ से हथियार गिरल बुझल गईल बा । उ दुनु आदमी तत्काल भारत ओरी हि फरार भईल बाडन । म्यागजिन मे गोली लोड कईल पेस्तोल बरामद भईला के साथे उ आदमीसब नेपाल ओरी केहु के सिधे आक्रमण करे आईल हो सकेके सुरक्षा अधिकारीलोग आशंका कईले बाडन ।

बरामद कईल हथियार जरुरी कारवाही के खातिर नेपाल पुलीस के बुझावेके सर्लाही के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक विनोदराज खनाल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।