पर्सा मे मोटरसाईकल चोरी के घटना बढल, पुलीस प्रशासन लाचार

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज २० फागुन,
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ चिलझप्टी से शनिचर के रात संचारकर्मी सतेन्द्र यादव के मोटरसाईकल चोरी भईल बा ।
वीरगंज से चिलझप्टी मे बराती गईल समय सञ्चारकर्मी यादव से पार्किङ्ग कर के राखल पल्सर मोटरसाईकल चोरी भईल बा । रामदिनेश प्रसाद यादव ऋणी रहल आ सतेन्द्र यादव सवार ना ५९ प ८५२९ बजाज के पल्सर १५० सीसी के करिया आ लाल रङ्ग के मोटरसाईकल चोरी भईल बा ।
चोरी भईल मोटरसाईकल खोजी करे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे उजुरी देहल संचारकर्मी यादव बतवले बानी । सञ्चारकर्मीलोग सहित सर्वसाधारण के लगातार मोटरसाईकल चोरी होखे लागला के बाद पर्सा जिल्ला असुरक्षित महशुस होखे लागल स्थानियलोग के कहनाम रहल बा । कैयनलोग त पुलीस के हि मिलीभगत मे चोरी के घटना बढे लागल आरोप लगावे लागल बाडन ।
बितल कातिक १८ गते वीरगंज के लिंकरोड मे रहल सामुदायिक रेडियो नारायणी एफ.एम.अगाडि मुख्य सडक मे पार्किङ करके राखल ना ५० प ९३२९ नम्बर के सुजुकी कम्पनी के जिक्सर मोटरसाईकल सबेरे ८ः३९ बजे के समय मे चोरी भईल । चोरी भईल मोटरसाईकल एफ.एम के सम्पादक निरज पिठाकोटे मगर के ह ।
उ दिन खुनदान कार्जक्रम हो रहल जउना मे सुरक्षा अधिकारीलोग के भी सहभागिता रहे । तत्काल पुलीस के खबर कईला के बाद अपराध अनुसन्धान के प्रहरी कार्मचारी सीसीटीभी क्यामेरा के फुटेज देखके गईलन ।
पुलीस भी विशेष अनुसन्धान के खातिर पुलीस खटल निरन्तर जानकारी देत आईल बा । चोरी भईला ३ महिना बितला पर भी अभी तक उ मोटरसाईकल मिले नईखे सकल ।
सुजुकी जिक्सर मोटरसाईकल चोरी करेवाला आदमी रक्सौल होत मकवानपुर ओरी लेगईल सूचना प्राप्त भईल पुलीस बतईलन । माकिर घटना के महिनो बितला पर भी चोर पत्ता लगावे ना सकल पुलीस । पुलीस के एके रटान बा चोर के खोजी हो रहल बा माकिर उपलब्धि जिरो बा ।
अपराध नियन्त्रण आ सुरक्षा व्यावस्था के सहज बनावे खातिर महानगरपालिका भितर सीसीटीभी क्यामेरा जडान करके ओकर निगरानी जिल्ला प्रहरी कार्याल से होखेला । महानगरपालिका मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ आ महानगरपालिका के सहजोग मे ८९ गो सीसीटीभी क्यामेरा जडान कईल बा । ओमे अभी ६० गो सीसीटीभी क्यामेर चालू अवस्था मे बा । माकिर अपराधिक घटना होखे सकेके सम्भावित छोटा गल्लीसब मे सीसीटीभी के पहुँच नईखे ।
राज्य पुलीस प्रशासन के शान्ति सुरक्षा आ अमन चयन कायम राखेके जिम्मेवारी देहले बा । माकिर, पिछिलका समय पर्सा मे मोटरसाईकल चोरी के बढ रहला पर भी पुलीस ओकरा के नियन्त्रण करे नईखे सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।